वीरगंज मे ओली समूह के प्रदेश भेला : चुनाव के तईयारी मे लागे खातिर निर्देशन

वीरगंज १५ पुस

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) अध्यक्ष एवम् प्रधानमन्त्री केपी ओली समूह वीरगंज मे आजु पहिलका प्रदेश भेला करके शक्ति प्रदर्शन कईले बा ।

नेकपा पार्टी विभाजन के सन्देश आ कार्यकर्ता के निर्वाचन के तईयारी मे लागे खातिर निर्देशन देवे खातिर ओली समूह बुध के दिने वीरगंज मे प्रदेश भेला कईले बा ।

नेकपा के प्रदेश २ के इन्चार्ज एंव स्थायी समिती सदस्य सत्यनारायण मण्डल के अध्यक्षता मे आयोजना कईल प्रदेश भेला मे प्रदेश २ के पर्सा से सप्तरी तक के आठ जिल्ला के नेकपा के अगुवा नेता कार्यकर्ता सहभागी भईलन ।

भेला के पार्टी के महासचिव एवम् अर्थमन्त्री विष्णु पौडेल, स्थायी समिति सदस्य एवम् पूर्वमन्त्री रघुवीर महासेठ, शहरी विकासमन्त्री प्रभु साह, कानुनमन्त्री लीलानाथ श्रेष्ठ, महिला बालबालीका तथा समाज कल्याणमन्त्री जुली कुमारी महत्तो सम्बोधन कइनी ।

प्रदेश भेला के सम्बोधन करत नेकपा के महासचिव पौडेल ताजा जनादेश के खातिर देश चुनाव मे जा रहला से चुनाव के तईयारी मे लागे खातिर अगुवा नेता कार्यकर्ता के निर्देशन देहनी ।

वैशाख १७ आ २७ मे संसद के निर्वाचन होखेके निश्चित भईला से एमे शंका उपशंका ना करके निर्वाचनन के तईयारी मे अभी से हि लागे खातिर कार्यकर्तालोग के महासचिव पौडेल निर्देशन देहनी ।

“सरकार से तोकल मिति मे निर्वाचन होखी”, कहत पौडेल, “काहेकी संसद विघटन आ चुनाव के मिति घोषणा करेके सरकार के निर्णय संविधानसंवत आ लोकतान्त्रिक बा ।”

संसद के बहुमत सदस्य के साथ लेके प्रधानमन्त्री ओली से कईल निर्णय के न्यायलय से भी सदर हि करेवाला भईला से तोकल मिति मे निर्वाचन होखेके ठोेकुवा उ कईनी ।

सुरक्षा निकाय के प्रमुख आ निर्वाचन आयोग भी वैशाख १७ आ २७ मे निर्वाचन करे खातिर कउनो बाधा आ अवरोध ना भईल बतावल उ सुनवनी ।

“प्रचण्ड के चलते नेपाल से माओवादी के नाम निशान भुलाईल”

भेला के सम्बोधन करत सहरी विकासमन्त्री प्रभु साह प्रचण्ड के निजी स्वार्थ के चलते नेपाल से माओवादी पार्टी के नाम निशान भुलाईल आरोप लगवले बानी । प्रचण्ड के पारिवारिक आ सत्ता मोह के चलते हि नेपाल के राजनीति मे माओवादी के नाम निशान ना रहल उनकर कहनाम बा ।

“प्रचण्ड माओवादी के मुभमेन्ट के व्यपार करेवाला नेता हउवन्, व्यपारी हउवन्, अभी फेनु उ माओवादी के नाम मे व्यपार करेके खोज रहल बाडन”, कहके बतवनी । जनमुक्ती सेना के नाम मे आईल रोपेया लुट के खाएवालला प्रचण्ड से बडका भ्रष्टचारी नेता नेपाल मे ना भईल भी आरोप उ लगवनी ।

प्रधानमन्त्री के कुर्सी के खातिर राजा के गोड मे भेटी चढाके लम्पसार पडल माधवकुमार नेपाल अभी प्रतिगमन के बात करे लागल कहत साह व्यंग्य कइनी ।

रारायणकाजी श्रेठ के कभो भी चुनाव ना जितेवाला नेता, मातृका यादव आ रामचन्द्र झा के अवसरवादी नेता के संज्ञा देत साह कहनी, “अब अईसन नेतालोग देश बनाएम कहत बाडन । का उ सम्भव बा ?”, उ कहनी ।

कानुनमन्त्री लीलानाथ श्रेष्ठ विदेशी शक्ति के गोटी बन के नेकपा भितर कुछ नेता कम्युनिस्ट नेतृत्व के २÷३ तिहाइ के सरकार गिरावे के षडयन्त्र कईला पर देश अभी के विषम परिस्थिति मे पुगल बतवनी ।

उ प्रधानमन्त्री ओली देश के ऐतिहासिक, साहसी आ राष्ट्रवादी पुरुष भईल जिकिर कइनी । महिला बालबालिका तथा समाज कल्याण्मन्त्री जुली कुमारी महत्तो भी संसद पुर्नस्थापना के सपना ना देखे खातिर आन्दोलन मे रहल दल के निहोरा कइनी । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।