रौतहट मे अनेकन पार्टी परित्याग करके बहुते लोग नेपाली कांग्रेस मे गईलें

मेवालाल यादव

रौतहट १८ पुस

रौतहट के गढिमाइ नगरपालिका ९ इनर्वा मे आजु भईल नेपाली कांग्रेस के पार्टी प्रवेस कार्जक्रम मे उलोग कांग्रेस मे प्रवेस कईले बाडन ।

कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी परित्याग करके सयो के संख्या मे नेता कार्यकर्तालोग नेपाली कांग्रेस मे प्रवेस कईले बाडन ।

कांग्रेस के रौतहट जिल्ला सभापति कृष्ण प्रसाद यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा आ जसपा परित्याग करके करिव २५० जने कांग्रेस मे प्रवेस कईले बाडन ।

इनर्वा के दलित बस्ती मे भईल कार्जक्रम मे बहुते संख्या मे दलितलोग भी कांग्रेस मे प्रवेस कईले बाडन ।

नवप्रवेसीलोग के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कांग्रेस के जिल्ला सभापति कृष्ण यादव आ गढिमाइ नगरपालिका के मेयर श्याम प्रसाद यादव टिका माला पहिना के पार्टी मे स्वागत कईले बाडन ।

कांग्रेस के क्षेत्रीय सभापति एवं वृन्दावन नगरपालिका के नगर प्रमुख राम स्नेही यादव, उपमेयर सुभद्र गुप्ता, गढिमाई नगरपालिका २ के वार्ड अध्यक्ष दिपेन श्रेष्ठ, रविनचन्द कोइराला, मिथलेश कुमार सिंह, चन्द्रपुर नगरपालिका ५ के वार्ड अध्यक्ष संजय काफले सहित के दर्जनो आदमीसब के उपस्थिती रहल रहे ।

कार्जक्रम के सम्बोधन करत गढिमाइ नगर प्रमुख श्याम यादव देश मे अनेकन आन्दोलन के बाद संविधान निर्माण भईला पर भी संविधान के हि समाप्त करेके खेल हो रहला से एकरा के रक्षा करे खातिर सभी केहु के आपन आपन जगहा से सहजोग करेके जरुरत रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।