लोकतन्त्र के बँचावे खातिर नेपाली कांग्रेस के विकल्प नइखे : नेता रिजाल

वीरगंज २५ पुस

संसद विघटन के विरोध मे पर्सा के प्रदेश निर्वाचन क्षेत्र ४ के (क) आ (ख) मे आजु नेपाली कांग्रेस के विरोध सभा पुरा भईल बा ।

निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ के (ख) मे भईल विरोध सभा के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओलीद्वारा कईल संसद विघटन असंवैधानिक रहल वतवनी । उ लोकतन्त्र के बँचा के राखे खातिर नेपाली कांग्रेस निर्वाचन से पछाडी ना हटेके भी बतवनी ।

कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. १ मुडली मे भईल विरोध सभा मे बोलत नेता रिजाल प्रधानमन्त्री ओली संसद विघटन करके गलत कईल बतवनी ।

उ देश मे अभी के अव्यवस्थित व्यवस्था लियावे खातिर प्रधानमन्त्री ओली मात्र दोषी ना होके प्रचण्ड आ माधव नेपाल सहित सिंगो नेकपा हि दोषी रहल वतवनी ।

नेकपा नेतृत्व के सरकार ३ बरीस के समय मे कुछो ना कईल उ आरोप लगवनी ।

लोकतन्त्र के बँचाके राखेके आ देश के निकास देवे खातिर नेपाली कांग्रेस के विकल्प ना रहल नेता रिजाल के कहनाम रहे ।

क्षेत्रिय सभापति बब्लु श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे भईल विरोध सभा मे महासमिति सदस्य बशिष्ठनारायण कुर्मी, जिल्ला सचिव किशोरी साह, जिल्ला सदस्य नविन सिंह, प्रेम थापा, धर्मेन्द्र पटेल, राजिन्द्र प्रसाद कुर्मी, रामेश्वर महतो, नसुरल्लाह मियाँ, धुरेन्द्र साह कानु, छठु साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

एहितरे, पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ के (ख) मे भी नेपाली कांग्रेस के विरोध सभा पुरा भईल बा ।

जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नं. २ सेढवा मे भईल बिरोध सभा मे बोलत नेता रिजाल प्रधानमन्त्री ओली से कईल प्रतिनिधि सभा बिघटन संबैधानिक अधिकार ना भईल वतवनी ।

५ बरीस के समय रहल संसद बिघटन करके फेनु निर्वाचन करावे खातिर नेपाल के आर्थिक अवस्था ना रहल बतावत नेता रिजाल कम्युनिष्टलोग देश के बन्धक बनावे लागला के चलते नेपाली जनतालोग भी निर्वाचन चाहल बतवनी ।

क्षेत्रिय सभापति श्रीकान्त यादव के सभापतित्व मे भईल बिरोध सभा मे प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, नेपाली कांग्रेस के महासमिति सदस्य बृष्पतिकृष्ण श्रेष्ठ, रामबहादुर श्रेष्ठ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।