ओली के अब के टार्गेट प्रदेशसभा भी विघटन करेके रहल बा : अध्यक्ष यादव

वीरगंज २७ पुस

जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) नेपाल के केन्द्रिय कार्यकारिणी अध्यक्ष उपेन्द्र यादव प्रधानमन्त्री केपी ओली के अब के लक्ष्य प्रदेशसभा भी विघटन करके संविधान हि खारेज करेके रहल बतवले बाडन ।

संसद विघटन के विरोध मे वीरगंज मे आजु जसपा से आयोजना कईल विरोधसभा के सम्बोधन करत अध्यक्ष यादव, “ओली के अब के टार्गेट प्रदेशसभा भी विघटन करेके, देश मे संकटकाल लागु करेके आ ओकरा बाद संविधान खारेज करेके ह ।”

उ संविधान आ लोकतन्त्र के रक्षा के खातिर जसपा देशव्यापी रुप मे संघर्ष मे उतरल उ बतवनी । ओली सशस्त्र विद्रोह, जनआन्दोलन आ मधेस विद्रोह के उपलब्धि संघीयता, गणतन्त्र, समावेशीता आ धर्मनिरपेक्षता के समाप्त करेके षडयन्त्र करके संसद विघटन कईल आरोप उ लगवनी ।

“पार्टी आ सरकार चलावे ना सकल असक्षमता के चलते ना, ओली संघीयता आ संविधान के उपलब्धि समाप्त करे खातिर पिछिलका कदम चलले बा” यादव कहनी ।

सत्ता मे ओली रहेतक लोकतन्त्र उपर खतरा कायम रहत रहेवाला भईला से लोकतन्त्र के रक्षा के खातिर ओली के सिंहदरबार के सत्ता से निकाल के बिगेके आजु के जरुरत रहल यादव बतवनी ।

लोकतन्त्र आ संघीयता के रक्षा के खातिर भईला रप भी सभी लोकतान्त्रिक आ परिवर्तनकारी शक्तिसब के एकजुट होके संसद पुर्नस्थापना के खातिर संघर्ष करे खातिर उ निहोरा कइनी ।

विरोधसभा के सम्बोधन करत प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत आपन पार्टी भितर के झगडा के टेंट मे प्रधानमन्त्री ओली संसद विघटन करके देश के हि संकट के खाडल मे धकेलल आरोप लगवनी ।

मुख्यमन्त्री राउत कहनी, “एगो सन्की आदमी के पागलपन से असंवैधानिक कदम चालल बा ।” उ न्यायालय से संसद पुर्नस्थापना करके संविधान के रक्षा करेमे खुदसब पूर्ण रुप मे विश्वस्त रहल बतवनी ।

जसपा के कार्यकारीरिणी सदस्य एंव पुर्वमन्त्री लक्ष्मणलाल कर्ण संसद पुर्नस्थापना होखेके ठोकुवा कइनी ।

उ, “संसद पुर्नस्थापना होखी आ अब संविधान भी संशोधन होखी, मधेस जउन–जउन अधिकार मधेस के मिलल नइखे, उ सभी अधिकार अब संविधान संशोधन मार्फत संविधान मे समेटि ।” संसद पुनर्स्थापना भईल दिन सत्ता से ओली के सफाया होखेके उ बतवनी ।

उ कहनी कि, “जब प्रधानमन्त्री ओली के सत्ता से हटावल जाई, राष्ट्रपति विद्या भण्डारी भी खुदे हट जईहें ।”

जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे विघठित प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव, प्रदेश सभा सदस्य रमेश कुर्मी, करिमा बेग्म, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।