राधेमाई से पत्रकार साह के मोटरसाईकल चोरी

वीरगंज २८ पुस

वीरगंज से प्रकाशित होखेवाला पर्दाफास दैनिक के प्रकाशक÷प्रबन्ध निर्देशक राघव साह के मोटरसाईकल आजु दिन के चोरी भईल बा ।

पत्रकार साह काम विशेष से पर्सा जिल्ला अदालत गईला पर राधेमाई चौक अदालत एरिया से चोरी भईल बा । पत्रकार साह के नाम मे दर्ता रहल ना ४६ प ६१८१ नं. के सुपर स्पेलेण्डर करिया रंग के मोटरसाईकल पर्सा जिल्ला अदालत से पश्चिम, साउथ जोन बोर्डिङ्ग स्कूल से दक्षिण, श्री वैष्णो देवी वचत तथा ऋण सहकारी संस्था के अगाडि सडक किनार मे पार्किङ्ग करके राखल अवस्था मे मोटरसाईकल करिब २ः३० बजे के समय मे चोरी भईल साह बतवनी ।

उ मोटरसाईकल के ईन्जिन नं. JA05ECH9C00177 आ चेसिस नं.MBLJA05EWH9C00100 के १२४.७ सिसि के रहल बा ।

प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्य भी रहल पत्रकार साह मोटरसाईकल चोरी भईला के बाद वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के जानकारी करईला पर भी अबेर रात तक पत्ता ना लागल साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।