जनमत पत्रकार संघ गठन, अध्यक्ष मे यादव चयन

मेवालाल यादव

रौतहट ०६ माघ

रौतहट मे जनमत पत्रकार संघ गठन भईल बा । रौतहट के पिपरा बजार स्थित पानीटंकी के फिल्ड मे जनमत पार्टी, रौतहट क्षेत्र नं १ द्वारा आयोजना कईल बलिदानी दिवस कार्जक्रम भब्यता के साथ मनावत १५ सदस्यीय जनमत पत्रकार संघ के गठन भईल बा ।

जिल्ला के पत्रकारलोग के भईल भेला से अध्यक्ष मे मेवालाल यादव, उपाध्यक्ष मे ईस्तायक अहम्मद, सचिव मे सत्येन्द्र प्रताप सिँह, कोषाअध्यक्ष मे फजिले हक, सह–सचिव मे चन्दन कुमार महतो, सदस्यलोग मे रमेश कुमार यादव, इजु रहमान, अखिलेश सरण पटेल, कविराजन पटेल, तनबिर आलम, बसरुदिन अजाद, घनश्याम प्रसाद गुप्ता, पुजा पटेल, बिकी पटेल, बिजय कुमार साह लगायत रहल बाडन । पत्रकार के हकहित के खातिर ई संस्था गठन कईल अध्यक्ष यादव बतवले बानी ।

एहितरे रौतहट के दक्षिणी भेग मे रहल दुर्गाभगवती गाँवपालिका के पिपरा बजार मे सोमार के दिने जनमत पार्टी बलिदानी दिवस कार्जक्रम कईले बा ।

पिपरा मे एक समारोह बिच सरकर से सहिद के स्मरण मे फुलमाला अर्पण कईल गईल रहे । २०६३ माघ ५ गते के दिन मधेश आन्दोलन के समय मे सिरहा के रमेश महतो के ज्यान गईल रहे ।

महतो मधेश आन्दोलन के पहिलका शहिद भईल रहनी । उनकर सम्झना मे हरेक बरीस माघ ५ गते मधेश बलिदानी दिवस मनावल जाला ।

अशोक कुमार सिँह के अध्यक्षता मे भईल बलिदानी दिवस कार्जक्रम मे जनमत पाटी के युवा नेता तथा शिक्षा विज्ञ हेम प्रसाद साह, पंकज श्रीवास्तव, जिल्ला सचिव बिकाश कुमार यादव, ब्रिज किसोर यादव बिकी, सचिन पटेल, बिरेन्द्र लगायत सयो नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।