सशस्त्र पुलीस महादेवपट्टी अबैध मुर्गी पकडके नोक्सान कईलख

मेघराज राय

जीराभवानी १५ माघ

पर्सा मे अबैध रुप मे भारत से लिया रहल बोइलर मुर्गी पकड के नोक्सान कईल गईलल बा ।

सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट जीराभवानी से खटल गस्ती टोली जीराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ के प्रसवा से भारत से लिया रहल प्रतिबन्धित भारतीय मुर्गी बेवारिसे अवस्था मे १४ गो बरामत कईले बा । बोईलर अबैधरुप मे लियावेवाला तस्कर पुलीस के देखते मातर भागल रहलन ।

अन्दाजी ३५ किलो जिनदा बोइलर मुर्गी सशस्त्र पुलीस पशु क्वारेन्टाइन सेढ्वा स्थानीय बुद्धिजिबी पत्रकार आ स्थानीय जनप्रतिनिधि के रोहबर मे खान्ता खोन के हलवले बा ।

भारत मे मुर्गी के दाम मे कमी आईल आ स्वाईन फ्लू के चलते नेपाल के व्यापारी चोरालुका के लिया रहल बिओपी महादेवपट्टी के सस्त्र प्रहरी निरीक्षक केदार राई जानकारी देहनी ।

भारत मे बर्ड फलु बेमारी के संक्रमण देखल गईला से नेपाल मे पन्छी आ पन्छीजन्य पदार्थ आयात मे रोक लगावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।