पकहामैनपुर गा.पा. अध्यक्ष चौरसिया १ सय २० जने गरिब बिपन्न के कम्बल देहनी

पोखरिया १५ माघ

बितल कुछ दिन से तराई मधेस के पर्सा, बारा, रौतहट लगायत के जिल्ला सब मे बढत गईल शितलहर के चलते इहाँ के जनजिवन प्रभावित बनल बा ।

इहे क्रम मे पर्सा के पकहमैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष बिजय चौरसिया आजु गरिब, बिपन, दलित परिवार के कमबल बँटले बानी ।

गाँवपालिका के वार्ड नं ३ मे रहल १ सय २० जने दलित, बिपन परिवार के गाँवपालिका के अध्यक्ष चौरसिया बँटले बानी ।

बढत जा रहल शितलहर जाडा से बँचे खातिर गर्मी देवेवाला कपडा पहिनेके आ आगी बार के सुरक्षित रुपमे आगी तापे खातिर निहोरा भी कइनी । कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष मदन साह, सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।