अबैध लागु औषध सहित यादव पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १८ माघ
बारा मे अवैध लागू औषध सहित १ जने के पकडले बा । पुलीस विशेष सूचना के आधार मे प्रहरी चौकी बरियारपुर से खटल टोली पकडले बा । पकडाएवाला मे महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं. ६ धर्मपुर टोल रहेवाला भोला कुमार यादव रहल बाडन ।
महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नं.२ स्थित हुलाकी राजमार्ग मे चेकजाँच के समय मे बिआर ०५ भि ७८०४ नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल मे सवार यादव के देह चेकजाँच करेके समय मे पिठी मे राखल झोरा भितर चोरालुका के राखल अवस्था मे डाइजेपाम ३०० पिस, फेनारगन ३०० पिस आ नुफिन ३०० पिस करके ९०० पिस अवैध लागू औषध सहित उनका के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
पकडाईल यादव के लागू औषध मुद्दा मे जिल्ला अदालत से ७ दिन के म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान काम हो रहल प्रवक्ता मिश्र बतवनी ।





