देश मे रहल असहजता से बँचे खातिर खेलकुद के आयोजना : सिंह

प्रभु यादव

बारा २० माघ

बारा के सदरमुकाम कलैया मे पत्रकार समेलन कर के नेपाल इन्डो होस्पिटल टी टुवेन्टी नक आउट क्रिक्रेट कप २०२१ के आयोजना करे के जनकारी करावले बानी ।

पत्रकार समेल्लन के प्रमुख अतिथि पुर्व संविधान सभा सदस्य लालबाबु सिंह देश मे रहल असहज से बढल टेन्सन से बचेला खेलकुद के आयोजना कईल जारहल जनकारी देहनी ।

देश असहज परिस्थिति मे रहल समय मे बारा के निर्वाचन क्षेत्र ४ मे खेलकुद कर के जनता के उत्साह बढावेला कईल काम सरहनीय रहल सिंह जनकारी करावले रहनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे एलेभेन स्टार क्रिकेट क्लव प्रसौनी के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत माघ २४ गते से फागुन १ गते तक सञ्चालन होखेवाला क्रिकेट कप मे नेपाल आ भारत के आठ गो टिम खेले के जनकारी करावले बानी ।

प्रदेश नम्वर २ के पर्सा, बारा, रौतहट, सर्लाही आ सिरहा बागमती प्रदेश के मकवानपुर अउरी भारत के बेतिया, पटना के टिम खेल मे खेले के राउत जनकारी करावले बानी ।

खेल करीब १० लाख के लागत मे होई जवना मे प्रथम, दुसरा होखेवाला आ मैन अफ मैच होखेवाला के आकर्षक पुरस्कार देहल जाई राउत जनकारी देहनी ।

प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ मे रहल चटीया बाबा खेलकुद मैदान मे होखेवाला खेलकुद के पहिलका दिन माघ २४ गते पुर्व अर्थ मन्त्री तथा नेपाली काँग्रेस पार्टी के नेता रामशरण महत उदघाटन करे के कार्जक्रम भईल अध्यक्ष राउत जनकारी करावले रहलन ।

खेलकुद नेपाल इन्डो हस्पिटल आ राष्ट्रिय बाणिज्य बैक क्षेत्रीय कार्यालय विरंगज के सहयोग आ एलेभेन स्टार क्रिकेट क्लव प्रसौनी के आयोजना मे पत्रकार समेलन मे जनकारी देहलन ।

कार्जक्रम क्लव के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत के सभापतित्व मे भईल जवना मे विशिष्ट अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ के वार्ड अध्यक्ष हरिओम साह सोनार, बारा के सक्रिय पत्रकार अउर आयोजक क्लव के सदस्य सब के सहभागिता मे भईल पत्रकार समेलन मे सञ्चालन त्रिलोकी राउत के रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।