मौसम बढिया भईला से पर्सा के ग्रामीण भेग मे तेलहन बाली बढल

मेघराज राय
जीराभवानी २१ माघ
पर्सा मे तेलहन बाली बढल बा । बितल बरीस से ई बरीस मौसम प्रतिकुल रहला से उत्पादन बढिया रहल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा जनवले बा ।
तेलहन बाली मे सबसे तोरी खेती बहुते होखेवाला पर्सा के उतरी भेग मे बितल बरीस से करिब ३० प्रतिशत उत्पादन बढल अनुमान कईल बा । उत्पादन केतना बढल कहके लागत लेवेके काम हो रहल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा जानकारी देहले बा ।
तोरी लगावेवाला क्षेत्रफल बितल बरीस से बढल आ मौसम से भी साथ देहला से उत्पादन बढल बा । बितल बरीस ८५२० हेक्टर क्षेत्रफल मे रोपल तेलहन बालि मे ९०००मेक्टिक्टन उत्पादन भईल रहे । बितल बरीस पर्सा मे हिउँदे वर्षात से तोरीसब गिरवले रहे जउना के चलते बहुते किसान से नोक्सानी बेहोरेके पडल रहे ।
ई बेर सुरु से जमिन मे चिस्यान बढिया आ कउनो नोक्सानि ना होखेवाला किसिम से वर्षात ना भईला से उत्पादन बढल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा जनवले बा । ई बरीस तोरी खेति फस्टाईलला से किसानलोग आउर आर्कषित भईल बाडन । तोरी अन्यबालि से सजिलो बालि आ उत्पादन बढिया भईला पर आम्दानी भी बढिया सोंच मुताविक होखेवाला भईला से किसान के आर्कषण बढल स्वयं किसानलोग बतवले बाडन ।
जिल्ला मे आलु खेति करेवाला किसानलोग धिरे धिरे तोरी खेती ओरी उन्मुख भईल कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा । किसान ८५०० से ९ हजार तक प्रति क्विन्टल तोरी के दाम मिलेला । तेलहन बालि के खातिर पर्सा जिल्ला के उतरी भेग के उपयुक्त रहल कृषि विज्ञलोग बतवनी । खासकरके सिचाई क्षेत्र पुगल जगहा मे तेलहन बालि के उत्पादन बहुते होखेला ।
कृषि ज्ञान केन्द्र के मुताविक पर्सा मे होखेवाला तोरी के जातसब उन्नती, प्रगति, चितवनी लोकल मुख्य रहल बा । तोरी के खेती के खातिर पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के चिन्हल जाला । ठोरी गापा मे रहल सुबर्णपुर, बिजयबस्ती, निर्मलबस्ती, ठोरी, रामनगर के तोरी के जोन रुपमे चिन्हल जाला ।
एहितरे पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका मे भी तोरी खेती के हि प्राथमिकता देहले बाडन । महादेवपट्टी, सेढ्वा, जितपुर, सुपौली, शंकरसरैया मे भी तोरी खेती बहुते होखेला । एहितरे आउर पालिका के कुछ क्षेत्रसब मे व्यवसायिक तोरी खेती होत आईल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा जनवले बा ।






