नेकपा के आम हडताल से बारा मे जनता के जनजिवन मे असर परल

प्रभु यादव

बारा २२ माघ

बारा के कलैया लगायत के क्षेत्र मे नेकपा से कईल आम हडताल से जनता के जनजिवन मे असर परल बा । सुबह से दुपहरीया के १२ बजे तकले रास्ता मे गाडी ना चलल रहे, व्यापार बन्द, बैक सब बन्द रहल रहे । प्रचण्ड–माधव समूह के कार्यकर्ता सब टायर बार के आन्दोलन करहल रहे सरकारी गाडी मे तोडफोड के प्रयास कईला के बाद आठ जने के प्रहरी हिरासत मे लेहले रहे ।

आन्दोलन करत बन्द करवावे मे लागल कलैया उपमहानगरपालिका के पार्टी अध्यक्ष जवाहीर अंसारी, सचिव मुकेश साह, हरिओम साह, संदिप यादव, बैजनाथ साह, राजेश पटेल, अरुण खनाल आ यासिर अंसारी के प्रहरी हिरासत मे लेहले रहल । आन्दोलन करेवाला लोग के प्रहरी हिरासत मे लेहला के वाद कुछ समान्य बनल रहे । ओली सरकार से बुध के दिन सवैधानिक निकाय के पदअधिकारी सब के नियम विपरित पद आ गोपनियता के सपथ खिया के पद भार देहलख ओकरा विरोध मे नेपाल बन्द के अहवान कईले रहल रहे ।

प्रहरी से लेहल हिरासत मे ओलोग के सँझिया के ५ बजे रिहा कईले रहलन । रिहा भईल कार्यकर्ता लोग के नेता लोग स्वागत करत फुल के माला लगावले रहल रहे ।

एहितरे बारा के सिम्रौनगढ बजार सबेरे ११ से दिनके १ बजे तक दु घण्टा बन्द भईल रहे । सबेरे १० बजे नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के नेता, कार्यकर्तालोग दोकानदार से दु घण्टा के खातिर दोकान बन्द करे खातिर निहोरा कईले रहलन । सिम्रौनगढ मे बाहर से आवेवाला सवारीसाधनसब बन्द भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।