जसपा रौतहट प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरवलख

मेवालाल यादव

रौतहट २५ माघ

रौतहट के सदरमुकाम गौर मे जसपा द्वारा प्रधानमन्त्री के बिरोध करत पुतला दहन कईल गईल बा ।

प्रधानमन्त्री के.पी.ओलीद्वारा कईल निर्वाचित प्रतिनिधि सभा विघटन जईसन असंवैधानिक, अलोकतान्त्रिक तथा प्रतिगमनकारी कदम के विरोध मे जसपा पार्टीद्वारा विरोध प्रदर्शन तथा आन्दोलन के खातिर आउर कार्जक्रमसब तय कईल निर्देशन मुताविक आजुज गौर मे जनता समाजवादी पार्टी रौतहटद्वारा राष्ट्रपति बिद्या देवी भण्डारी आ प्रधानमन्त्री के.पी. ओली के पुतला दहन कईल गईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद रामकिशोर यादव, अनिल सिंह, धन्जय मिश्रा, युवा नेता श्याम बिहारी यादव, जिल्ला उपसभापति राम आशिष यादव, देवाहि गोनाहि नगरपालिका के नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, मुर्लिधर चौधरी, युवा नेता मो. सकिल अकतर, लिला साह, महिला नेत्री राधा साह, अमन्या खातुन लगायत दर्जनो नेता तथा कार्यकर्ता के सहभागिता रहल रहे ।

आवेवाला २८ गते सदरमुकाम गौर तथा जिल्ला के मध्यभाग गरूडा आ चन्द्रनिगाहपुर मे होखेवाला मसाल जुलुस मे सहभागी होखे खातिर बिधायक रामकिसोर यादव निहोरा कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।