कबही गोठ नाका खोले खातिर सरकार के बुझवलें स्थानिय सरकार ज्ञापन

प्रभु यादव

बारा २८ माघ

बारा के स्थानीय सरकार प्रमुख कवही नाका खोलवावे खातिर सरकार के ज्ञापन पत्र बुझावले बाडन ।

कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव, महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र प्रसाद यादव आ करैयामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी आपन आपन पालिका से लिखल ज्ञापन पत्र प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल के मार्फत सरकार के बुझावले बाडन ।

२०७६ चईत महिना से कोभिड–१९ के महामारी के रोकथाम के खातिर लगावल नाका बन्दी खोलेला स्थानीय सरकार प्रमुख ज्ञापन पत्र बुझावले बा । ज्ञापन पत्र मे पडोसी देश भारत से नेपाल मे आवत जात करेला असहज भईला से रोटी बेटी के सम्बन्ध मे भेटे खातिर कठिनाई भईल जनावल गईल बा । बारा मे रहल विश्व प्रसिद्ध गढीमाई के दर्शन करे आवेवाला लोग के कठिनाई होरहल बा ।

गढीमाई मन्दिर के दर्शन करेवाला ८० प्रतिशत भारत से आवेला उ लोग के ना अईला से व्यापारी लोग के जनजीवन मे असर परल ज्ञापन पत्र मे उलेख कईल गईल बा । पचरौता नपा, सुवर्ण गाँवपालिका, महागढीमाई नगरपालिका, बारागढी गाँवपालिका, करैयामाई गाँवपालिका के जनता सब मे विशेष जीवन यापन करेला समस्या भईल ज्ञापन पत्र मे उलेखख कईल गईल बा ।

ज्ञापन पत्र नेपाल सरकार के अर्थ मनत्रालय, गृह मन्त्रालय, वीरंगज भन्सार कर्यालय के पेठावले बा । बेर बेर प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल के जनकारी मौखित फोन से बात कईला के बाद भि नाका खोले के कईला पर कवनो समस्या समाधान के उपाय ना देखला पर ज्ञापन पत्र बुझावल गईल स्थानीय सरकार लोग के कहनाम रहल बा ।

१० दिन वाद नाका ना खुली त जनता सब आन्दोलन मे जाए के जनकारी करावले रहनी । प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपक राज नेपाल सरकार से तुरन्तरे खुलेला पत्र आई कहके आश्वासन देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।