प्रदेश २ के सरकारी आइसोलेसन खाली, २ जिल्ला मे संक्रमित शून्य

जनकपुरधाम २९ माघ
प्रदेश २ के २ गो जिल्ला मे कोरोना भाइरस के सक्रिय संक्रमित संख्या शून्य मे पुगल बा । आउर ६ जिल्ला मे भी न्युन संख्या मे मात्र सक्रिय संक्रमित बाडन ।
पिछिलका २४ घण्टा मे प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे १८ गो आ गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल मे २ गो नमूना परीक्षण कईला पर कउनो पोजेटिभ रिजल्ट ना आईल ।
बुध के दिने प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे १७ गो आ नारायणी अस्पताल बीरगंज मे ११ गो नमूना परीक्षण कईला पर कउनो संक्रमित ना मिललन ।
एकरा से पहिले मंगर के दिने प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे २१ गो पीसीआर आ एन्टिजन विधि से ३ गो स्वाब परीक्षण कईला पर १ जने मात्र पोजेटिभ देखल गईल बा ।
सोमार के दिने प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे ६१ जने के, सिरहा प्रयोगशाला मे २ जने के, बर्दिवास प्रयोगशाला मे ९५ जने के स्वाब परीक्षण कईला पर एक जने भी संक्रमित ना मिललन । नारायणी अस्पताल वीरगंज मे ३० गो स्वाब नमूना परीक्षण कईला पर १ जने मात्र संक्रमित मिललें ।
एतवार के दिने गौर अस्पताल रौतहट मे १७ गो परीक्षण कईला पर कउनो भी संक्रमित ना मिलल ओकरा से शनिचर के दिने प्रादेशिक प्रयोगशाला जनकपुरधाम मे २८ गो स्वाब परीक्षण कईला पर १ जने फलोअप केस आ बाँकी नेगेटिभ देखल गईल रहे ।
अभी प्रदेश मे ५१ जने मात्र सक्रिय संक्रमित बाडन । ई ५१ जने भी होम आइसोलेसन मे रहला पर आठ गो जिल्ला के सरकारी आइसोलेसन खाली भईल बा ।
सप्तरी आ सिरहा जिल्ला मे कोरोना संक्रमित एक जने भी नइखन । धनुषा मे १६ जने, महोत्तरी मे ७ जने, सर्लाही मे १० जने, रौतहट मे २ जने, बारा मे ४ जने आ पर्सा मे १२ जने संक्रमित रहला पर भी उलोग होम आइसोलेसन मे रहल स्वास्थ्य निर्देशनालय के निमित्त निर्देशक विजय झा जानकारी देहनी ।
प्रदेश २ मे मंगर तक १ लाख ४५ हजार ५ सय २९ जने के स्वाब संकलन कईल बा । जउना मे १७ हजार १ सय ९१ जने संक्रमित देखल गईल बाडन ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि होके प्रदेश मे २ सय ९ जने के मृत्यु भईल बा ।






