पर्सागढी नपा के कार्यालय भवन शिलान्यास

वीरगंज ०१ फागुन
पर्सागढी नगरपालिका कार्यालय भवन के आजु शिलान्यास भईल बा ।
नेपाली काङ्ग्रेस के केन्द्रीय सदस्य अजयकुमार चौरसिया, प्रदेशसभा सदस्य राजेशवर साह तेली, नगरप्रमुख लोकनारायण यादव आ उपप्रमुख अर्चना चौधरी संयुक्त रूप मे भवन के शिलान्यास कईले रहलन ।
स्वच्छन्द निर्माण सेवा प्रालि काठमाण्डु से १८ महीना मे उ भवन पुरा करेवाला किसिम से ठेक्का सकार कईले बा ।
पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ८ मे भवन निर्माण होत बा । शिलान्यास कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष किशोरी राउत अहिर, किसुनदेव प्रसाद यादव, वेदमन दास थारू, समसुद्दीन साह देवान, नेका बुथ सभापति जङ्गबहादुरदास थारू, सरजु महतो, महाधिवेशन प्रतिनिधि अशोक गुप्ता, हरिन्द्र सिंह, नेका पर्सा जिल्ला सदस्य सुकमान तामाङ, नगरपालिका के इन्जिनीयर जगविजय साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






