शिक्षा के बिकास बिना नगर के बिकास होखे ना सकि : नेता पटेल

वीरगंज ०५ फागुन

जनता समाजबादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य शिव पटेल शिक्षा क्षेत्र के बिकास बिना नगर क्षेत्र बिकास भईल बुझल नगरप्रमुख के मुर्खता भईल बतवले बानी ।

सरस्वती पूजा के अवसर मे बाल निकेतन मोडेल इङलिस बोर्डिङ स्कुल, बहुदर माई नगरपालिका–९ बिश्रामपुरद्वरा आजु बिधालय मे आयोजना कईल सांस्कृतिक कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता पटेल बहुदरमाइ नगरपालिका के बिकास आ इहाँ के जनता के समृद्धि के खातिर ई नगर क्षेत्र भितररहल सभी बिधालयसब के अस्तोन्नती, शिक्षा प्रणाली मे अहम परिवर्तन आ जरुरी शिक्षक के पुर्ती जरुरी रहल बतवले रहनी ।

बिधालय के प्रधानाध्यापक बिरेश यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे भङी साह माबि के प्रअ रबिभुशन राम, जसपा के जिल्ला सदस्य निशेश यादव, नगर अध्यक्ष कृष्ण यदाव, सञ्चारकर्मी बलराम यादव लगायात के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम मे बिद्यार्थीलोग अनेकन भाषा के गीत मे नृत्य, गायन आ नाटक प्रस्तुत कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।