बारा के आरती वनस्पति उद्योग मे आगलागी, साढे १५ घण्टा के बाद आगी बुतल

बारा १० फागुन

बारा के जीतपुर–सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ९ स्थित आरती वनस्पति उद्योग मे आगलागी भईल बा । एतवार के सँझिया ७ः३५ बजे से लागल आगी सबेरे ११ बजे के समय मे मात्र नियन्त्रण मे आईल बा । आगलागी से भईल क्षति के विवरण आवेके बाँकी रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रहरी निरीक्षक सुरेन्द्र यादव जानकारी देहनी ।

ज्वलनशील पदार्थ रहल उद्योग मे भईल आगलागी नियन्त्रण मे लेवे खातिर ८ गो दमकल के प्रयोग कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका के ३ गो, हेटौंडा, जीतपुरसिमरा, कलैया उपमहानगरपालिका, कोहल्वी नगरपालिका, नेपाल आयल निगम अमलेखगञ्ज के एक–एक करके ८ गो वारुणयन्त्र आ सुरक्षाकर्मी के सहजोग मे आगी नियन्त्रण मे लेहल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।