पर्सा मे एक बरीस भितर २४ जने एचआईभी संक्रमित मिललें

वीरगंज १२ फागुन
सन् २०२० मे पर्सा मे २४ जने एचआईभी संक्रमित मिलल बाडन । विद्यार्थी जागरण मञ्च (विजाम) समुदायस्तर मे कईल एचआईभी परीक्षण के समय मे २४ जने एचआईभी संक्रमित मिलल बाडन ।
सन २०१८ से विजाम समुदायस्तर मे जाके एचआईभी परीक्षण करे सकेवाला किसिम से तालिम प्राप्त ७ जने प्राविधिक जनशक्ति परिचालन कर रहल बा । विजाम शंकास्पद आदमी खुन लेके समुदाय मे परीक्षण करके २० मिनेट भितर नतिजा देरहल बा ।
विजाम के कार्जक्रम संयोजक अनोजकुमार खड्का सन् २०२० मे १ हजार २ सय ९५ जने लागूऔषध प्रयोगकर्तालोग के एचआईभी परीक्षण कईला पर ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जानकारी देहनी । बाँकी १९ जने आउर आदमी रहल उनकर कहनाम बा ।
‘पहिले अस्पताल, क्लिनिक, ल्याब मे ना आके एचआईभी परीक्षण कईल जा सकित, २०१८ से हमनी समुदाय मे जाके परीक्षण करे सकेके व्यवस्था मिलावल गईल बा, ओकरा खातिर ७ जने तालिम प्राप्त कर्मचारी बानी,’ कहत उ, ‘विशेष रणनीति मार्फत् लुकाके बईठल, परीक्षण ना करके बईठललोग के एचआईभी परीक्षण करावेमे सफल भईनी । उहे समय मे २४ जने मे एचआईभी पोजेटिभ देखल गईल ।’
उनका मुताविक लागूऔषध प्रयोगकर्ता मे तीन बरीसमे पहिलका बेर ६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । विजाम इन्जेक्सनमार्फत नियमित लागूऔषध प्रयोग करत आईल मेसे २३ जने के ओएसटी (मौखिक प्रतिस्थापन पद्धति) मे लेजाएमे सफल भईल भी जनावल गईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे ४ सय ६६ जने एचआईभी संक्रमित एआरटी सेवा लेत आईल बाडन ।






