बौधिमाई नगरपालिका सय जने परिवार के राहत बँटलख

मेवालाल यादव
रौतहट १३ फागुन
बौधिमाई नगरपालिका के नगर योजना से वार्ड नं. १ से ९ तक के अपाङ्ग, असाहय, बिपन परिवार के न्यानो कम्बल आ सिरक विरतण कईले बाडन ।
बौधिमाई नगरपालिका के उपमेयर प्रेमलाता कुशवाहा १०० जने घरपरिवार के न्यानो कम्बल आ सिरक बाँटल गईल बा ।
एकरा से पहिले भी निरन्तर नगर भर लगायत समाजिक काम मे सक्रिय रहल कुशवाहा बहुते गरिब, विपन्न, समुदायसब के लक्षित करके निरन्तर राहत उपलब्ध करावत अईला मे बियफे के दिने नगरपालिका मे भी न्यानो वितरण कईले बा ।
उ कार्जक्रम मे समाजसेवी नरेन्द्र कुशावाहा, उपमेयर प्रेमलाता कुशवाहा, नि. प्रसासकिय अधिकृत रामेश्वर यादव लगायत अनेकन समाजसेवीलोग के उपस्थित रहल रहे ।






