सिम्रौनगढ मे पोखरा खोनला पर भगवान् विष्णु के पौराणिक मूर्ति मिलल

प्रभु यादव
बारा १५ फागुन
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ हरियरपुर मे १३ वाँ शताब्दी के बिष्णु भगवान के मुर्ति मिलल बा । कुसिन्द्र महतो खेत मे मछरी पोसे के उद्देश्य से पोखरा खोनेके समय मे उ मुर्ति मिलल बा ।
५ से ६ फिट उचाई आ ३ से ४ फिट चौडाई भईल मुर्ति जयसुदिन टुटला से सिम्रौनगढ राज्य से आक्रमण कईल समय धवस्त भईल मुर्तिसब मेसे एक ह । उ समय सिम्रौनगढ राज्य के राजा नानदेव रहनी कहके जानकारी सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं ४ के वार्ड अध्यक्ष राजेश यादव बतवले बानी ।
मिलल मुर्ति पौराणिक भईल करिया रँग के बिष्णु भगवान के ह । मुर्ति के दुनु हाथ काटल जईसन बा । मुडि मे भी काटल जईसन भईला से पौराणिक ईतिहास से जुडल हो सकेके ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ के प्रहरी निरीक्षक दिपक सुबेदी जानकारी करवनी ।
साथे उ मुर्ति के उहे वार्ड के कम्लेश्वर नाथ महादेव मन्दिर के प्राङ्गण मे राखल गईल बा । उ सिम्रौनगढ मे म्युजियम बनाके उ क्षेत्र मे मिलल मूर्तिसब के एक जगहा मे सजाके पर्यटन क्षेत्र के विकास करेके लक्ष्य रहल आ ई काम के खातिर पहल शुरू भइल बतवनी ।
मिलल भगवान् विष्णु के मूर्ति देखे खातिर आसपास के आदमीसब के भिड लागल रहे । ई मुर्ती मिलला के बाद आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी निरीक्षक सुबेदी बतवले बानी ।





