मुख्यमन्त्री राउतद्वारा खातुन के बधाई

जनकपुर, २३ फागुन
प्रदेश नं २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत तेजाब आक्रमण से घायल भईल मुस्कान खातुन के ‘अन्तरराष्ट्रिय साहसी महिला पुरस्कार’ देवेके घोषणा भईला मे बधाई के साथे उत्तरोत्तर प्रगति के कामना कईले बानी ।
उ पुरस्कार के खातिर प्रदेश नं २ के बेटी के चयन कईला मे अमेरिकी सरकार उपर आभारभी प्रकट कईल विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल बा । ‘एसिड’आक्रमण से घायल भईला के बाद खातुन उ विरुद्ध कडा कानून आ सजाय के माग राख के आवाज उठावत आ रहल बानी ।
उनका उपर २०७६ साल भादो मे विद्यालय जाएके समय मे तेजाब आक्रमण भईल रहे ।






