बारा मे १४ बरीस के लईका के लास मिलल

बारा २८ फागुन,

बारा के जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका– १० के १४ बरीस के लईका साहिद हुसेन अन्सारी फागुन ११ गते भुलाईल रहलन । गाँव मे वियाह के भोज खाए गईल बेटा ना फिर्ता भईला के बाद परिवार चिन्तित रहलन ।

उ परवानीपुर स्थित ज्ञानसागर एकेडेमी स्कुल मे किलास ७ मे पढत रहलन । साथीभाइ, आफन्त आ सम्भावित क्षेत्र मे उनकर खोजी कईल गईल । माकिर कँहु भी ना मिललन । गारजियन बेटा के खोजी के खातिर पुलीस लग गईलन । पुलीस खोजी कईलख माकिर खोजे ना सकलन ।

अचानक शुक के सबेरे गाँव के एगो उद्योग लगे लास मिलल खबर आईल । स्थानीय जनानी लास देखला के बाद हो–हल्ला कईल रहनी । गाँवके लोग के लास मिलल बारेमे पुलीस के खबर कईलख । मातहत के एकाइ से मात्र ना होके जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से डीएसपी गौतम मिश्र सहित के अनुसन्धान टोली घटना स्थल पुगल ।

लास एकदमे सडलगलल अवस्था मे रहे । हाथ लगावे से पहिले पुलीस प्रादेशिक प्रहरी कार्यालय डग शाखा बर्दिबास से तालिम प्राप्त कुकुर बोलवलख । कुकुर भी कुछो पत्ता लगावे ना सकल । पुलीस लास के प्रकृति देखके घटनास्थल जाँच मुचुल्का तईयार करके आउर अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल बा ।

परिवार के सदस्य उ पहिनल कपडा से लईका के लास पहिचान कईले रहलन । लईका के बाबु जाकिर हुसैन भुलाईल १८ दिन के बाद बेटा के लास मिलल पुष्टि कइनी ।

“भुलाईल हमर बेटा मरल अवस्था मे मिलल, हम दु बरीस तक पहिनावल पेटी हि उ पहिनले रहलन । उपर लाल फुल भेस्ट आ पियर टिसर्ट पहिनले रहलन, जिन्स पाइन्ट पहिनले रहलन । ओकरा से पहिचान करेमे सफल भईनी,” कहत उ, “डाक्टर बनेम कहत रहलन, छोड के चल गईलन ।”

जाकिर के दु गो बेटा आ एगो बेटी मेसे साहिद जेठ बेटा हउवन । गाँव मे केहु से झै–झगडा कईल आ खिंस भईल खुद के याद ना भईल उ बतवनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मिश्र कपडा के आधार मे लईका के परिवार लास के पहिचान भईल आ आउर अनुसन्धान सुरु कईल उ बतवनी ।

“एगो गोड तोपाईल आ एगो गोड बाहर भईल लास सडल अवस्था मे रहे । तालिमप्राप्त कुकुर रास्ता पत्ता लगावे ना सकल,” कहत उ, “लास के प्रकृति देखल गईल, घटनास्थल जाँच मुचुल्का तईयार करके गाँव घर मे बुझल जा रहल बा ।” पोष्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद आउर बात खुले सकेके उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।