लागूऔषध अफिम के झार पुलीस काटके नोक्सान कईलख

मेवालाल यादव

रौतहट २९ फागुन

रौतहट के मौलापुर मे चोरालुका के खेती कईल अवैध लागूऔषध अफिम के झारसब पुलीस काट के नोक्सान कईले बा ।

मौलापुर नगरपालिका–७ सबैया पिपरिया मे रोपल गईल अफिम के झारसब पुलीस आजु नोक्सान कईले बा । अलग–अलग जगहा मे करके एक बिगाहा से बेसी क्षेत्रफल मे खेती कईल अफिम के झारसब पुलीस नोक्सान कईले बा ।

रौतहट के ग्रामीण भेग मे किसानलोग चोरालुका के अफिम खेती करत आईल बाडन । अगहन अन्तिम ओरी रोपल अफिम के झार माघ–फागुन तक दाना लाग के तईयार होखी । दाना के झार मे भईल समय ब्लेड से चिर के तरल पदार्थ चोप निकालला के बाद प्रशोधन करके लागूऔषध अफिम तईयार होखेला ।

बजार मूल्य अत्याधिक भईला से भी ई खेती ओरी ग्रामीण भेग के कुछ किसान बेसी आकर्षित भईल बाडन ।

कानुन से बन्देज कईल अवैध लागूऔषध अफिम के खेती के बारे मे जानकारी अईला के बाद पुलीस झार नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक सिद्धिविक्रम शाह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।