भारत मे कोरोना संक्रमित बढला पर पर्सा मे डर बढल

वीरगंज ०८ चईत

भारत मे पिछिलका समय कोरोना भाइरस संक्रमण बढे लागला के बाद सीमावर्ती नेपाली शहर पर्सा के अनेकन जगहा मे भी डर बढल बा । भारत मे सन् २०२१ के सुरुवात से कोरोना संक्रमित के संख्या घटे लागल रहे । माकिर मार्च महिना एने लगातार बढ रहल बा ।

१५ फेब्रुअरी २०२१ मे भारत मे ९ हजार १२१ जने मे मात्र कोरोना संक्रमण मिलल रहे । माकिर २० मार्च मे ४३ हजार ८४६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

मध्यप्रदेश मे कोरोना संक्रमित के संख्या निरन्तर बढत गईला के चलते भोपाल मे एवतार के एक दिन के खातिर लकडाउन आह्वान कईल बा । उहाँ दोसर आदेश ना होखे तक हरेक एतवार के दिने लकडाउन जारी राखेके कहल गईल बा । इन्दौर आ जबलपुर मे भी एहितरे करेके कहल बा । तीन गो शहर मे मार्च ३१ तक स्कुल आ कलेज बन्द कईल बा ।

तीन दिन मे एक लाख से बेसी संक्रमित मिलल भारत के नयाँ दिल्ली, महाराष्ट्र लगायत ८ गो राज्य नयाँ कोभिड–१९ के संक्रमित के संख्या मे वृद्धि भईल बतावत आईल बाडन ।

भारत मे कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईल कहल जा रहल समय नेपाल मे बन्द कईल अन्तर्राष्ट्रिय सीमा नाका खोलेके तइयारी हो रहल बा ।

सीमा क्षेत्र मे सुरक्षा सतर्कता अपनावेके कहला पर भी पालना ना होखेके पहिलेके अनुभव बा । संक्रमण घटला सँगे पिछिलका दिन मे प्रदेश २ मे मास्क ना पहिनेके, भौतिक दूरी के पालना ना करेके, बेसी भिडभाड करेके क्रम बढल बा ।

वीरगंज के नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब मे पिछिलका ७ दिन मे ७ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । कोरोना विशेष अस्पताल बन्द भइला के चलते नारायणी तथा आउर निजी अस्पताल मे हि मरेजी के ईलाज होत आईल बा । एडभान्स अस्पताल मे ईलाज करा रहल ३५ आ ५३ बरीस के दु जने पुरुष मे कोभिड निमोनिया देखल गईला के बाद ईलाज के खातिर काठमाण्डु रिफर कईल बा । एक जने के पाटन अस्पताल आ दोसर के मेडिसिटी अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।

एतवार के दिने नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ५० जने के स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर १० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । पर्सा के ३ जने, बारा के ६ जने आ झापा के १ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कोभिड कोर्डिनेटर एवं मेडिसिन विभाग के चिकित्सक डा. सरोजरोशन दास के मुताविक पिछिलका दु महिना मे सबसे बेसी केस एतवार के मिलल बा । एहितरे नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा चईत ५ गते हि विज्ञप्ति जारी करके सचेत होखे खातिर निहोरा कईले बा । संघ के सचिव उदयनारायण सिंहद्वारा जारी विज्ञप्ति मे अनेकन देश आ शहर मे फेनु लकडाउन हो रहल जानकारी करावत आवेवाला चाडपर्वसब मे सतर्कता ना अपनईला पर भयावह स्थिति आवे सकेके उल्लेख बा ।

प्रदेश २ के स्थिति आ आवेवाला दिन के रणनीति

प्रदेश २ के ८ गो जिल्ला मे वितल समय के जईसन स्वाब संकलन ना होखी । प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालय, स्वास्थ्य निर्देशनालय के मुताविक एतवार के धनुषा मे १० जने के स्वाब संकलन कईल बा आ आउर कउनो भी जिल्ला मे स्वाब संकलन भईल नइखे ।

प्रदेश मे १७ हजार २१३ जने संक्रमित मिलल बाडन । उलोग मेसे २०९ जने के मृत्यु भईल बा । १६ हजार ९ सय ८४ जने ठिक भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे गौर अस्पताल रौतहट मे कईल १५ नमुना परीक्षण मे सभी नेगेटिभ देखल गईल स्वास्थ्य निर्देशनलय के तथ्याङ्क अधिकृत सरोजकुमार यादव बतवनी । भारत मे संक्रमण बढत गईला पर खुल्ला सीमा के चलते प्रदेश २ हि बेसी जोखिम मे रहेके विज्ञलोग के कहनाम बा ।

स्वास्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक विजय झा फेनु स्वास्थ्यकर्मी सँगे सभी सतर्क होखेके समय आईल बा । “मास्क पहिनेके, भौतिक दूरी कायम करेके, भिडभाड ना करेके, साबुन पानी से हाथ धोवेके जईसन सभी जनस्वास्थ्य सुरक्षा के विधि अपनावल छोडले बाडन,” कहत उ, “अईसन क्रियाकलाप से हरदम हि संक्रमण के जोखिम रही ।”

प्रदेश २ के ८ गो जिल्ला के नाका मे कडाइ करे खातिर मौखिक तथा लिखित जानकारी करावेके तइयारी निर्देशनालय से सुरु कईल बतावत उ सभी सरोकारवाला आ नागरिक के जिम्मेवार होखे खातिर निहोरा कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।