प्रधानमन्त्री रोजगार कार्जक्रम संतोषजनक ना रहल सरोकारवाला के सिकाईत

मेघराज राय

जिराभवानी ११ चईत

बेरोजगाार युवालोग के रोजगाारी देवेके प्रधानमन्त्री रोजगार कार्जक्रम खुदेमे एगो बढिया कार्जक्रम ह माकिर एकर कार्यान्वयन के रास्ता के देखला पर सन्तोष लेवेवाला जगहा नइखे ।

बैदेशिक रोजगार मे भी जाए ना सकेके बेरोजगार युवालोग के छोट सीपमुलक स्थानीय, स्रोत साधन पूँजी मे आधारित पेशा व्यवसाय आ उद्योग मे रोजगार करावेके उद्देश्य प्रधानमन्त्री रोजगार के कार्जक्रम नेपाल अधिराज्य भर लियावल गईल बा । उद्देश्य के हिसाब से ई बहुते जरुरी कार्जक्रम ह । माकिर कार्यान्वयन के रास्ता मे गईला पर उद्देश्यमुलक नइखे आ उदेश्य मुलक ना बनईला पर युवालोग के रोजगारी देवे ना सकि ।

कार्जक्रम प्रभावकारिता के कईसे मापन करेके कहके बात होखी । प्रभावकारिता के कउनो मापदण्ड से नापेके उद्देश्य पुरा भईल रहित त ई एकदमे प्रभावकारिता कार्जक्रम ह । इहे कार्जक्रम, इहे ढांचा, इहे मोडल के कार्जक्रमसब हमनी विदेशसब मे भी देखेम । उ कार्जक्रमसब बहुते प्रभावकारी बा, माकिर हमनी कहाँ कार्यान्वयन भईल कार्जक्रम से सीप सिकावेके काम के जोड देहल गईल नइखे ।

एगो दैनिक ज्यालादारी जईसन कुलो सफा करेके, रास्ता के झाडी सफा करेके भा वन के झाडी सफा करे खातिर ओईसन किसिम के आयोजनासब मे युवालोग के श्रम शक्ति प्रयोग कईल बा । ई एगो बहुते क्षणिक रोजगारी ह । स्थायी प्रकृति के रोजगारी युवालोग के देवे खातिर पहिले ई कार्जक्रम से युवालोग के सीप के विकास करावेके पडि, तालिम देवेके पडि ।

घडि बनावे के, रेडियो बनावेके, मोबाइल बनावेके, डोको नाम्लो बनावेके हमनी के परम्परागत सिपसब बा । पथल के मूर्तिसब बनावेके, चित्र बनावेके, विद्युत वाइरिङ के कामसब के तालिम देवेके आ तालिम प्राप्त कईल युवालोग के तालिम देहल क्षेत्र मे रोजगारी देहला पर मात्र दिगो होखी । प्रभावकारी होखी, अभी के शैली से अगाडि बढईला पर ई प्रभावकारी ना होखी कहके ठोरी गाँवपालिका के नेकपा एमाले के प्रत्यासी तथा पुर्ब गाबिस अध्यक्ष लालबहादुर श्रेष्ठ बतवनी । इहे कार्जक्रम के तथ्यांक के आधार मानला पर पर्सा जिल्ला के बात कईला पर एगो पालिका मे बेसी मे ११÷१२ सय युवा बेरोजगार बाडन ।

तथ्यांक त एकरा से बेसी खराब बा । तथ्याङ्क के बात कईला पर समग्र देश के आधार मे अनुमान कईल जा सकता । हमनी के देश मे हरेक बरीस चार लाख युवालोग श्रम बजार मे लगईले बाडन । चार लाख मेसे ३ लाख युवालोग के गन्तव्य बैदेशिक रोजगार, २५ हजार के आरीपाछि मे मात्र औपचारिक क्षेत्र मे काम मिली । आयोग लड के २५ हजार के रोजगार बुझईहन ।

बाँकी रहल २५ हजार के अनौपचारिक क्षेत्र संस्थागत विद्यालयसब, सहकारीसब अईसन क्षेत्रसब मे उलोग सम्लग्न बाडन । बाँकी रहल ५० हजार पुर्ण रुप मे बेरोजगार होखेलन । अईसे ५० हजार के बेरोजगार के चलते एगो पालिका मे ११÷१२ सय अर्थात पर्सा जिल्ला मे हरेक १०÷१२ हजार बेरोजगार थपालन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।