विन्दवासिनी मे पालिका स्तरिय पशु उपचार तथा शिविर शुरु, गा.पा. अध्यक्ष कानुद्धारा अनुगमन

वीरगंज १२ चईत

ग्रामिण समाज विकास बहुउद्देशीय सहकारी संस्था लि. पर्सा के आयोजना आ विन्दवासिनी गाँवपालिका के सहजोग मे पालिका स्तरिय पशु उपचार तथा शिविर शुरु भईल बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नं. ५ हाँसवा से आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिविर के शुभारम्भ भईल बा । वार्ड नं. ५ के वार्ड अध्यक्ष सुकदेव राउत अहिर आ गाँवपालिका के सामाजिक शाखा प्रमुख नरेश चौहान संयुक्त रुप मे शुभारम्भ करत शिविर से गाँवपालिका के गरिब, असहाय पशु कृषकलोग के फायदा होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

दु दिन तक चलेवाला पालिका स्तरिय शिविर से वार्ड नं. ५, वार्ड नं. ४ आ वार्ड नं. ३ के करिब ५ सय जने पशु कृषकलोग लाभान्वित भईल रहलन । उ शिविर मे पशु चिकित्सक एवं प्राविधिकलोग कमलेश गुप्ता, विशाल पटेल, छत्र बहादुर साह कानु, रवि नारायण तिवारी, मुक्ति साह कानु, धिरज साह लगायत के टोली खसी बकरी, भईस, गाई बयल के स्वास्थ्य परिक्षण कईला के साथे परामर्शसब भी देहले बाडन । उ अवसर मे निःशुल्क रुप मे दवाईसब भी बाँटल गईल रहे ।

आयोजक संस्था के प्रतिनिधि एस.एम.जहाँगस्त के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे स्थानिय समाजसेवी, भद्रभलादमी, सञ्चारकर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे विन्दवासिनी गाँवपालिका के सहजोग मे वार्ड नं. ५ के हाँस्वा मे सञ्चालित व्युटी पार्लर सम्बन्धि ४५ दिने तालिम के अनुगमन भी भईल बा । विन्दवासिनी गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार, सामाजिक शाखा प्रमुख नरेश चौहान, वार्ड अध्यक्ष सुकदेव राउत अहिर लगायत के समुह अनुगमन कईले रहनी ।

बितल फागुन २ गते से सुरु भईल तालिम के प्रक्षिक्षक पार्वती शार्मा रहल आयोजक संस्था जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।