परोहा मे नेपाली कांग्रेस के होली मिलन कार्जक्रम पुरा

मेवालाल यादव

रौतहट १४ चईत

रौतहट जिल्ला के परोहा नगरपालिका स्थित श्री ब्रहमज्योति उच्च माध्यमिक विद्यालय लौकाहा के प्राङ्गण मे परोहा नगरपालिका द्वारा आयोजना कईल होली मिलन समारोह कार्जक्रम आजु एगो कार्जक्रम के बिच पुरा भईल बा ।

रौतहट जिल्ला के परोहा नगरपालिका मे नेपाली कांग्रेस के युवा नेता तथा नगर प्रमुख शेख वकिल के अध्यक्षता मे भईल होलि मिलन तथा शुभ कामना आदान प्रदान कार्जक्रम मे नेता कार्यकर्ता तथा अतिथिलोग आपसी सद्भाव के साथे होली पर्व से एक आपस मे मेलमिलाप के सद्भावना के बरियार बनावेवाला भईला से सभी एक आपस मे मिल के आवेवाला होली हर्सोउल्लास के साथ मनावे खातिर निहोरा कईले रहलन ।

परोहा नपा के वार्ड नम्बर –४ लौकाहा स्कुल के प्राङ्गण मे हिन्दुलोग के महान पर्व रंग अबीर के पर्व होली के शुभ कामना आदान प्रदान कार्जक्रम मे शेख वकिल होलि पर्व के मध्य नजर करत होली पर्व मनावेके समय मे सिमित मात्रा मे खानपीन करेके जथाभावी लागु पदार्थ सेवन करके सवारी साधन ना चलावे खातिर सभी से निहोरा कइनी ।

पुर्व मन्त्री अबताब आलम से जेल मे भेट्घाट कईला के बाद आलम हमर ओरी से हिन्दु मे होलि के शुभकामना तथा मुस्लिम मे रमजान के शुभकामना कह देवेके बतावल नगर प्रमुख शेख वकिल बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि क्षेत्र नं २ ख के विधायक प्रत्यासी रामचन्द्र गिरी, अतिथि परोहा नगरपालिका वार्ड नं ४ के वार्ड अध्यक्ष जवाहर लाल यादव, महेश सिंह, रघुनाथ प्रसाद कलवार, खेदु मुखिया, जितेन्द्र पटेल, परोहा नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ओमप्रकाश यादव, योजना शाखा अधिकृत अब्दुल रब अंसारी, स्वास्थ्य शाखा के प्रमुख जलनधार यादव, वार्ड नं ९ के वार्ड अध्यक्ष शेख इनुस, रामलोचन प्रसाद जैसवाल, हारून रासीद, परोहा नगरपालिका के सभी वार्ड अध्यक्ष लगायत बुद्धिजीवी, शिक्षक, समाजसेवी, पत्रकारलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।