सरोकारवाला निकाय बीच सार्वजनिक सुनुवाई कार्जक्रम

मेवालाल यादव

रौतहट १९ चईत

रौतहट के एक पालिका मे उत्थान परियोजना अन्तर्गत स्वास्थ्य संस्था के सेवा सुविधा सम्बन्ध के स्वास्थ्य संस्था, नगरपालिका, वार्ड कार्यालय तथा सेवाग्राही बीच सार्वजनिक सुनुवाइ कार्जक्रम आजु बियफे के दिने पुरा भईल बा ।

ड्व्लुएचएचओ के सहजोग तथा असमान नेपाल के आयोजना आ राजपुर नगरपालिका के सहकार्य मे वार्ड उत्थान परियोजना कार्जक्रम कईल बा । राजदेवी नगरपालिका वार्ड नम्बर १, २ के स्वास्थ्य सेवाग्राही, सम्बन्धि स्थानीय जनप्रतिनिधि बिच सार्वजनिक सुनुवाई कईल रहे ।

वार्ड स्वास्थ्य सेवा सुविधा लेवेवालालोग सँगे नगरपालिका से देहल सेवा सम्बन्धि अन्तरसम्वाद करके आईल सवालसब के जवाफ सम्बन्धित जनप्रतिनिधिद्वारा देवेके आ उ समस्या आवेवाला दिन मे फेनु होखे ना देवे खातिर सम्बन्धित निकाय से समन्वय करेके असमान नेपाल के जिल्ला संयोजक हरेराम ठाकुर बतवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।