नेपाल के हिन्दुराष्ट्र बनावे खातिर हिन्दुराष्ट्र स्वाभिमान जागरण अभियान

वीरगंज ०५ सावन

हिन्दुराष्ट्र स्वाभिमान जागरण अभियान अन्तर्गत वीरगंज मे आजु आयोजना कईल एक भेला के सहभागिलोग हिन्दुराष्ट्र कायम करावे खातिर संठगित होके लागेके बात मे जोड देहले बाडन ।

“गाँव गाँव हमनी जाई आपन धर्म अपने बचाई, धर्मनिरपेक्षता के हटाई, हिन्दु राष्ट्र फेनु लिखाई” कहके नारा के साथ सञ्चालित अभियान अन्तर्गत भईल भेला के सम्बोधन करत अभियान के अभियान्ता एवं प्राज्ञिक विद्यार्थी परिषद के राष्ट्रिय संगठन सचिव नारायण ढकाल पौराणिक समय से हि नेपाल विश्वभर के देवभूमी के रुप मे स्थापित भईल देश हि रहल बतवनी ।

उ विश्व के १ अरब ३० करोड हिन्दु के आस्था के केन्द्र रुप मे नेपाल हि रहल रहे । विश्व मे अनेकन किसिम के धर्म भईला पर भी सनातन काल से हि हिन्दु धर्म से एकात्मक भावना लेके विश्व के कल्याण करत आईल बा उ हिन्दुधर्म सनातन विचार लेहल राष्ट्र हि नेपाल रहे कहनी ।

हमनी ३ करोड नेपाली के खातिर मात्र ना होके विश्व के १ अरब ३० करोड जनता के आर्दश के भुमि के रुप मे नेपाल हि रहल उनकर कहनाम रहे ।

जउन भुमि मे भगवान पशुपतिनाथ बानी, जउन भुमि से भगवान शालिकराम के जन्म देहले बा । देवभूमि तपोभूमि के रुप मे रहल हिन्दुराष्ट्र नेपाल के हमनी के हिन्दु समाज आ हमनी के समाज के नेतृत्व करेवाला कुछ राजनितिक दलसब से धर्मसापेक्ष से धर्मनिरपेक्ष घोषणा करवले बाडन उ हमनी कभो भी माने ना सकेम कहनी ।

नेपाल मे ९४ प्रतिशत ओमकार परिवार रहला पर भी चार पाँच जने नेता नेपाल के धर्मनिरपेक्ष घोषणा करवलन, कहत उ ‘धर्मनिरपेक्षता के नेपालीलोग मौनरुप मे स्वीकार्य ना कईला पर भी विरोध भी करे ना सकेम ।’ राष्ट्र, धर्म आ आपन आस्था के कभो भी प्राथमिकता मे ना राखनी, पहिलका प्राथमिकता राजनितिक पार्टी बनाके आपन समाज के विभाजन करेके काम भईल ।

हिन्दु समाज संगठित, जागरुक आ स्वाभिमानी ना भईला के चलते कुछ पार्टी के कुछ नेतालोग धर्मनिरपेक्ष घोषणा कईला पर हमनी जउन किसिम के प्रतिकार करेके रहे माकिर ना भईल । धर्मनिरपेक्ष घोषणा भईल समय से संघ परिवार निरन्तर रुप मे हिन्दुराष्ट्र के खातिर नेतालोग के झकझकावत आईल बा माकिर सभी हिन्दु समाज एकजुट ना भईला के चलते हिन्दुराष्ट्र करावे ना सकल उ बतवनी ।

नेपाली जनता एगो एजेन्डा हिन्दुराष्ट्र बनावेके पडि । कहत उ, ‘अब नेपाली जनता के पहिलका प्राथमिकता हिन्दुधर्म ओकरा बाद राजनितिक होखेके चाहिं ।’ घर घर मे आवेवाला नेतालोग के पहिलकाप्राथमिकता मे हिन्दु राष्ट्र के एजेन्डा लेके अईला पर मात्र भोट देहेम कहके अभियान चलाके मात्र नेपाल हिन्दुराष्ट्र बनावल जा सकता कहनी ।

भेला मे विश्व हिन्दु परिषद के राष्ट्रिय संगठन मन्त्री प्रहलाद रेग्मी भी कर्तव्य आ त्याग से हि नेपाल के फेनु हिन्दुराष्ट्र बनावे सकेके बतवनी ।

उ दलगत स्वार्थ से उपर उठके पहिलका भाव हिन्दुधर्म हि ह कहके विश्वास के साथ एकजुट होके अगाडी बढला पर मात्र नेपाल के हिन्दुराष्ट्र कायम करावे सकेके बतवनी । नेपाल के हिन्दुराष्ट्र कायम करावे खातिर सहि समय अईला से सभी हिन्दु समाज वार्ड से नगर, जिल्ला तक संगठित होके जोडदार आवाज उठावेके बतवनी ।

हिन्दुराष्ट्र स्वाभिमान जागरण अभियान के आयोजना कईल भेला मे अनेकन राजनितिक दल के प्रतिनिधि, स्थानियबुद्धिजिवी, युवा, महिला, पुरुष, संचारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे । भेला से अभियान के सफल बनावे खातिर वार्ड स्तरीय से नगर, पालिका स्तरीय संगठन विस्तार करके अगाडी बढेके सुझाव रहे ।

हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा के संघचालक ललन द्धुवेदी के अध्यक्षता मे भईल भेला मे विश्व हिन्दु परिषद के जिल्ला अध्यक्ष ओम प्रकाश साह, उपाध्यक्ष कृष्णमोहन सहाय, रामराज्य परिषद के जिल्ला अध्यक्ष धमेन्द्र पटेल, पंडीत पुरुषोत्तम द्धुवे, शंकराचार्य पिठ के अध्यक्ष डा. अनिल झा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

ईतिहास, संस्कृति, परम्परा, पहिचान आ जनसंख्या के आधार मे नेपाल हिन्दु राष्ट्र हि ह, कहके मान्यता के साथ हिन्दुराष्ट्र स्वाभिमान जागरण अभियान से नेपाल के फेनु हिन्दुराष्ट्र बनावे खातिर पूर्व प्रधानसेनापती रुकमांगगद कटवाल के संयोजगत्व मे देशभर हि अभियान चला रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।