कोरोना से आईल जोखिम से लडेला स्वास्थ्यकर्मी लोग के तइयार रहेके पडल

प्रभु यादव
बारा ०६ बैशाख
बारा के कलैया अस्पताल मे पिसिआर ल्याव आ सघन बेड के उदघाटन कईल गईल बा । प्रदेश नम्वर २ के समाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह कोरोना से आईल जोखिम से लडेला स्वास्थ्यकर्मी लोग के तईयार रहेके सुझाव देहनी ।
जनता के सेवक हई हमनी हर समय जनता के सेवा मे लागल रहे के पडी मन्त्री साह जनकारी करावले बानी । पहिले से प्रदेशीक अस्पताल बहुत बेहाल मे रहल रहे अब सुधार कर के समान्य अवस्था मे लेयाल गईल जनकारी साह देहनी । प्रदेश सरकार के कारार कर्मचारी के नीति आगईल बा अपुग रहल जगह मे डाक्टर लोग के नियुक्ति करे के मन्त्री साह अशवासन देहनी ।
अस्पताल विकास समिति के सदस्य महाविर साह कानु के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नीति आयोग के उपाध्यक्ष भोगेन्द्र साह, प्रदेश सदस्य पारस साह, रा.स. सदस्य रमेश यादव, समाजिक विकास मन्त्रालय के उपसचिव ठुलोबाबु दाहाल, बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल, प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे स्वागत प्रदिप यादव के आ डाक्टर रवि गुप्ता अस्पाताल मे व्यवस्थापन आ सरकार से करार मे रहल लोग के हकहित के खातिर प्रदेश सरकार से जनकारी के करावले रहनी । १५ संख्या के सघन वेड तईयार कईल जारहल बा । ल्याव मे आर डी टी पाँच सय आ पिसिआर कीट सात सय ३० गो कीट रहल जनकारी माईक्रो वाईलोजिकल सुशील कुमार महतो जनकारी करावले बानी ।





