बि.ओ.पी. अमरपट्टी झौव आ अमरपट्टी मे निःशुल्क मास्क बँटलख

वीरगंज १० बैशाख

सशस्त्र प्रहरी वोर्डर आउट पोष्ट अमरपट्टि कोभिड–१९ कोरोना भाइरस महामारी के दुसरका लहर चल रहल समय पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ झौवा चौक आ अमरपटि मे निःशुल्क मास्क बँटले बा ।

वि.ओ.पी अमरपट्टिका सशस्त्र प्रहरी निरिक्षिक निरन्जन कार्की के नेतृत्व मे रहल टोली कोरोना भाइरस के प्रभाव के रोकथाम तथा सचेतना के खातिर सयो सर्वसाधारण के मास्क बाँटल गईल जनावल गईल बा ।

भारत से कोरोना महामारी नेपाल मे आवे सकेके कहत सिमाना मे आवत जावत पूर्ण रुपमे बन्देज कईल जनावत प्रनी कार्की बोर्डर आरपार ना करे खातिर स्थानीय बासी से निहोरा कईले बानी । कोरोना संक्रमण एक जने लिअईहें माकिर बाद मे परिवार, पडोसी भी संक्रमित होखे सकेवाला भईला से सचेत करावत गाँवभर चेतनामुलक माईकिङ्ग भी करावल प्रनी कार्की बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।