ईप्रका प्रसौनी आ स्वच्छ समाज युवा क्लब निःशुल्क मास्क बँटलख

बारा ११ बैशाख

ईलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी बारा आ स्वच्छ समाज युवा क्लब के सहकार्य मे आजु गण्डक चौक मे २०० से बेसी निःशुल्क मास्क बाँटल गईल बा ।

दुसरका चरण के कोरोना भाइरस तेजी से बढत गईल आ अईसन संकट के घडी मे बाँचे खातिर आजु गण्डक चौक मे सवारी चालक, सर्वसाधाण, यात्रु लगायत के माक्स बाँटल गईल बा । एकरा साथे सभी यात्रु, स्थानिय लगायत के सर्वसाधाण जनता के इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के इन्चार्ज, प्रहरी निरीक्षक विन्देशवर यादव के नेतृत्व मे नेपाल सरकार से निर्धारण कईल स्वास्थ्य मापदण्ड के पालना करे खातिर सभी के निहोरा कईल बा ।

प्र.नी. यादव आपन ईलाका के शान्ति सुरक्षा के साथे ई महामारी से बँचे सकेवाला हरेक उपाय के साथ काम करेके प्रतिबद्धता जनवनी । स्वच्छ समाज युवा क्लब के सहकार्य के खातिर धन्यवाद देत आवेवाला दिन मे सहकार्य करके अगाडि बढेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

क्लब के अध्यक्ष भूपेन्द्र पटेल खुदसब निरन्तर सामाजिक काम करत आईल आ आवेवाला दिन मे कोरोना भाइरस के लक्षित करके अलगे किसिम के स्वास्थ्य सम्बन्धी प्रशिक्षण कार्जक्रम करेके बतवनी । एहितरे परवानीपुर गाँवपालिका के कार्यपालिका सदस्य सञ्जु साह प्रहरी प्रशासन आ सामुदायिक क्लब के सहकार्य मे खुद साथ देवे खातिर तईयार रहल बतवनी ।

माक्स वितरण कार्जक्रम मे क्लब के उपाध्यक्ष उमेश साह कानु, सचिव त्रिलोक प्रताप सिंह, कोषाध्यक्ष मुस्तुफा आलम, सदस्यलोग सरोज यादव, प्रमोद यादव, अखिल पटेल, दरोगा यादव, इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी के सइ राजकिशोर प्रसाद यादव, असई सुरेन्द्र हजरा, प्रहरी हवल्दार राजकिशोर यादव, दिनेश राम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।