देशभर के स्कुल बन्द करेके मन्त्रिपरिषद के निर्णय, हवाई उडान ना रुकी

काठमाण्डु १२ वैशाख

सरकार देशभर के विद्यालय बन्द करेके निर्णय कईले बा । मन्त्रिपरिषद् के सोमार के दिने बईठल बईठक से कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन केन्द्र (सीसीएमसी) के सिफारिस मुताविक निर्णय करेके एक मन्त्री जानकारी देहनी ।

विद्यालय तथा शिक्षण संस्थासब भर्चुअल तथा वैकिल्पक विधि से पठनपाठन करेके पडि । एकरा से पहिले सीसीएमसी निर्देशक समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक से सोमार से सभी परीक्षा स्थगित करेके निर्णय कईले रहे ।

बईठक से पहाडी तथा हिमाली जिल्ला मे २०० आ उपत्यका के साथे तराई–मधेस तथा हक मे ५०० बेसी संक्रिय संक्रमित भईल जिल्ला मे स्थानीय प्रशासन वैशाख १६ गते से निषेधाज्ञा जारी करे सकेके निर्णय भी कईले बा ।

उपत्यका मे निशेषज्ञा जारी हो रहल बा । बाँके, बर्दिया आ सुर्खेत मे भी निशेषज्ञा बा । मोरङ, पर्सा, कास्की, दाङ आ रुपन्देही मे भी संक्रिय संक्रमित के संख्या ५०० से बेसी बा आ कैलाली मे ४५८ आ चितवन मे ४८८ बाडन ।

मन्त्रिपरिषद् के बईठक से अन्तराष्ट्रिय तथा अन्तरिक हवाई उडान तत्काल ना रोकेके निर्णय कईले बा । अन्तराष्ट्रिय हवाई उडान से आईल नेपालीलोग के १० दिन होम क्वारेन्टिन आ विदेशी नागरिक के होटल क्वारेन्टिन मे राखल जाई ।

आन्तरिक उडान आ अन्तर्राष्ट्रिय सीमा नाका व्यवस्थित करेके निर्णय भईल एक मन्त्री जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।