प्लान्ट ना भईला से अक्सिजन बाहर से किनेके बाध्यता

वीरगंज १३ बैशाख
नारायणी अस्पताल मे अक्सिजन प्लान्ट ना भईला से अभी दोसर जिल्ला से किनेके बाध्यता रहल बा । दुसरका चरण के कोरोना के प्रकोप इहाँ अचानक बढला के बाद अक्सिजन प्लान्ट राखेके आवाज उठ रहल बा ।
नारायणी अस्पताल मे अक्सिजन के १०० सिलिन्डर मौज्दात अवस्था मे रहला पर भी कउनो भी समय कमी होखे सकेवाला भईला से इहाँ अक्सिजन प्लान्ट बहुते जरुरी रहल अस्पताल विकास समिति के सदस्य सुरेन्द्र गुप्ता बतवनी ।
पर्सा क्षेत्र नम्बर २ के सांसद बिमल श्रीवास्ताव आपन संसदीय विकास कोष से अक्सिजन प्लान्ट राखे खातिर रु दु करोड वीरगंज महानगरपालिका के देहला पर भी अभी तक उ प्लान्ट स्थापना होखे ना सकला से कउनो भी समय समस्या आवे सकेके अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा सञ्जयकुमार ठाकुर बतवनी ।
मुख्य अक्सिजन सप्लायर्स भाजुरत्न सप्लाई देवे ना सकला पर समस्या आवेके जनावत मेसु ठाकुर अस्पताल आपन खर्च अक्सिजन प्लान्ट राखेके सोच बनावल बतवनी । सप्लार्यस हरेक दु घण्टा मे माग मुताविक के अक्सिजन सिलिन्डर पठा रहला से अभी ओकर कमी देखल गईल नइखे ।
कोरोना सङ्क्रमित मरेजी के होम आइसोलेसन मे जाएके कहला पर भी उलोग घर जाएके ना मानला पर ओईसन मरेजी के भी अक्सिजन देवेके भईला से अक्सिजन के बेसी दुरुपयोग हो रहल बतावल गईल बा ।
अस्पताल के प्रयोशाला मे शुक के दिने कईल परीक्षण मे ८६ जने मे सङ्क्रमण पुष्टि भईल रहे । एक सय ३९ जने के पिसिआर परीक्षण कईला पर ६३ पुरुष आ २३ जनानी करके ८६ जने मे सङ्क्रमण देखल गईल अस्पताल के कोभिड संयोजक डा सरोजरोशन दास जानकारी देहनी । अभी तक उ अस्पताल मे ईलाज के समय मे चईत एने आठ जने के मृत्यु भइल डा दास बतवनी ।
निजी अस्पताल मे सङ्घीय सरकार से कोरोना सङ्क्रमित के ईलाज के खातिर थपेके कहके रोपेया पठईला पर भी कुछ अस्पताल श्यया ना थपला से नारायणी अस्पताल मे अईसन मरेजी के चाप बढत गईल बा । अभी नारयणी अस्पताल मे मरेजी के ईलाज करे खातिर ४० श्यया छुट्टयावल गईल बा । चालीस मेसे ३१ श्यया मे कोरोना सङ्क्रमित मरेजी के ईलाज हो रहल अस्पताल के मेसु डा ठाकुर जानकारी देहनी ।






