पर्सा मे जनगणना मे खटेवाला सुपरिवेक्षक के तालिम स्थगित

वीरगंज १७ बैशाख
राष्ट्रिय जनगणना के खातिर पर्सा मे सञ्चालित सुपरिवेक्षक के तालिम स्थगित भईल बा । निषेधाज्ञा के समय मे भिडभाड करके तालिम सञ्चालन कईल कहत विरोध भईला के बाद तालिम स्थगित कईल बा ।
ई बरीस ‘मेरो गणना, मेरो सहभागीता’ कहके मुल नारा के साथ राष्ट्रिय जनगणना ०७८ होत बा । ओकरा खातिर जिल्ला जनगणना कार्यालय पर्सा १ सय ५६ जने सुपरिवेक्षक के खातिर बियफे से ७ दिने तालिम शुरु कईले रहे ।
निषेधाज्ञा के समय मे सर्वसाधरण के घर–घर मे रहे खातिर निहोरा करके सरकारी कार्यालय भिडभाड करके तालिम सञ्चालन कईल कहके विरोध कईल रहे ।
वीरगंज के सिद्धार्थ इन्टरनेशल कलेज मे आयोजना कईल तालिम मे सामाजिक दूरी पालना ना करके तालिम करावल गईल रहे । तालिम मे पर्सा के १४ गो पालिका से सुपरिवेक्षकलोग सहभागी भईल रहलन । जिल्ला जनगणना कार्यालय पर्सा के जिल्ला जनगणना अधिकारी केशव ज्ञवाली राष्ट्रिय जनगणना के तालिका मुताविक हि सुरक्षा मापदण्ड सहित तालिम सञ्चालन कईल दावी कइनी । ‘१ सय ५६ जने सुपरिवेक्षक मेसे कैयन लोग सहभागी हि ना भईल रहलन, ५ जने प्रशिक्षक सहित ५ गो कोठरी मे तालिम सञ्चालन कईल गईल बा ।’ कहत उ ‘सहभागी के मास्क, फेस सिल्ड आ स्यानीटाईजर भी देहल गईल रहे । सञ्चारकर्मीलोग आके विरोध कइलन । ओकरा बाद स्थगित कईल गईल बा ।’
कोरोना संक्रमण के जोखिम के बारे मे अवगत भईला पर भी राष्ट्रिय कार्जक्रम के खातिर राज्य से देहल जिम्मेवारी पुरा कईल उनकर कहनाम बा । ‘हमनी के भी संक्रमित होखेम कहके डर बा, माकिर राज्य के काम ह कहके कईले बानी ।’ कहत उ ‘तालिम स्थगित कईला पर गणना कार्जक्रम प्रभावित होखी कहके जोखिम सहके तालिम सञ्चालन कईल गईल रहे ।’
सुपरिवेक्षकलोग फिल्ड मे २० दिन खटेवाला भईला से कोरोना संक्रमण के जोखिम से जरुरी सुरक्षा सामान उपलब्ध कराके मात्र काम मे खटावे के जिल्ला जनगणना कार्यालय जनवले बा ।






