वीरगंज मे आउर १७५ जने मे कोरोना पुष्टि

वीरगंज १७ बैशाख
वीरगंज मे फेनु आउर १ सय ७५ जने मे कोरोना भारस संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बियफे के रात २ सय ८८ जने के स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर आधा से बेसी अर्थात १ सय ७५ जने मे संक्रमण मिलल बा ।
कोरोना के दुसरका लहर शुरु भईला के बाद वीरगंज मे एके दिन नयाँ संक्रमित मिलल ई सबसे बेसी ह । बियफे के रात थपाईल १७५ संक्रमित मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र १ सय ३१ जने बाडन । उ मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र १ सय १२ जने बाडन ।
एहितरे बारा के ३४ जने, सर्लाही के ५ जने, रौतहट के ३ जने तथा महोत्तरी आ दाङ जिल्ला के १÷१ जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले बुध के रात भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे २ सय ४० जने के परिक्षण कईला पर उ मेसे १ सय ६९ जने मे संक्रंमण पुष्टि भईल रहे । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन विनय श्रीवास्तव के मुताविक पर्सा जिल्ला मे अभी सकृय संक्रमित के संख्या १ हजार ६८ पुगल बा ।
उ मेसे वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे जटिल अवस्था के ७६ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । नारायणी अस्पताल मे ४२, नेशनल मेडिकल कलेज बाबा होटल मे सन्चालन कईल अस्थायी कोभिड अस्पताल मे १५, बयोधा अस्पताल मे १४ आ गण्डक हस्पिटल मे ५ जने संक्रमित ईलाज करा रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी । श्रीवास्तव के मुताविक पर्सा जिल्ला मे अभी ९ सय ७० जने संक्रमित होमआइशोलेसन मे बाडन ।
एहितरे वीरगंज मे कोरोना भाइरस संक्रमण के चलते आउर तीन जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के आइशोलेसन मे ईलाज करा रहल पर्सा के २ आ बारा के १ करके ३ जने संक्रमित के मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका– १६ नगवा के ४८ बरीस के जनानी के शुक के सबेरे पौने २ बजे मृत्यु भईल बा । निमोनिया से सिकिस्त भईल उनकर ईलाज के खातिर अस्पताल मे बैशाख १२ गते भर्ना भईल आ उहे दिन पीसीआर परीक्षण कईला पर उनका मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
एहितरे नारायणी अस्पताल के आइशोलेसन मे उपचाररत बारा के जीतपुरसीमरा उपमहानगरपालिका –२४ के ७७ बरीस के पुरुष के बियफे के रात पौने १२ बजे मृत्यु भईल बा । बैशाख १० गते नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल उ पुरुष के उहे दिन पीसीआर परीक्षण कईला पर कोरोना रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।
बियफे के रात हि पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका –३ के ४७ बरीस के जनानी के भी नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । बैशाख १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उहे दिन अस्पताल मे भर्ना भईल उनकर बियफे के रात साढे ९ बजे मृत्यु भईल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले बियफे के दिने नारायणी अस्तपताल मे वीरगंज महानगरपालिका–१२ के ४० बरीस के संक्रमित पुरुष के भी ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे ।
बितल बुध के दिने वीरगंज मे कोरोना से ५ जने के मृत्यु भईल रहे । कोरोना के दुसरका लहर शुरु भईल एने चईत ३० गते से बैशाख १६ तक कोरोना २७ जने के मृत्यु भईल बा ।






