वीरगंज मे एक दिन मे १०४ संक्रमित थपईलें

वीरगंज २० बैशाख
वीरगंज मे आउर १०४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे एतवार के रात १ सय ९२ गो स्वाब नमूना के परीक्षण कईला पर १०४ जने मे कोरोना संक्रमण मिलल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
संक्रमण पुष्टि भईल १०४ मेसे पर्सा जिल्ला के ८८ जने बाडन । उ मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र ७९ जने रहल डाक्टर दास जानकारी देहनी । एहितरे बारा जिल्ला के ११, रौतहट के ४ आ सर्लाही के १ जने मे भी एतवार के रात संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले शनिचर के रात भी नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे १ सय ९२ जने के परिक्षण कईला पर १ सय ४५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । वीरगंज मे वैशाख १ गते से एने एतवार के रात तक १ हजार ७ सय ९७ जने मे संक्रमण मिलल बा ।
नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे वैशाख १ से १९ गते तक २ हजार ९ सय ७५ जने के कोरोना जाँच कईला पर १ हजार ७ सय ९७ जने मे संक्रमण मिलल डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।






