रौतहट मे २८ संक्रमित थपईलें, ३ जने के मृत्यु

रौतहट ६ जेठ
रौतहट मे पिछिलका २४ घण्टा मे २८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । एहितरे कोरोना संक्रमण से आउर तीन जने के मृत्यु भईल बा ।
जिल्ला अस्पताल गौर के पीसीआर ल्याब मे १४८ जने के नमुना परीक्षण कईला पर २८ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
बितल २४ घण्टा मे चार जने कोरोना संक्रमणमुक्त भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । जिल्ला मे सबसे बेसी गौर मे ११३ आ चन्द्रपुर मे १०८ जने सक्रिय संक्रमित रहल बाडन । कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद अभी तक रौतहट के ६४ जने के मृत्यु भईल बा ।





