रौतहट के आउर ५ संक्रमित के मृत्यु

रौतहट १६ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण के चलते रौतहट के पाँच जने के मृत्यु भईल बा ।
चितवन के भरतपुर मे ईलाज के समय मे देवाही गोनाही–४ के ४५ बरीसके पुरुष तथा कटहरिया नगरपालिका–३ के ५० बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा । एहितरे वीरगंज मे ईलाज के समय मे माधवनारायण–८ के ६० बरीस के आ गढीमाई–४ के ५५ बरीस के पुरुष के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा ।
एहितरे हेटौडा मे चन्द्रपुर–१ के ५३ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । एकरा सँगे कोरोना संक्रमण के चलते अभी तक रौतहट के ९४ जने के मृत्यु भईल बा ।
पिछिलका २४ घण्टा मे रौतटह मे १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । गौर अस्पताल के पीसीआर ल्याब मे ७१ जने के नमुना परीक्षण कईला पर १३ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल बा । एहितरे रौतहट मे आउर १४ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।






