फेनु बढल इन्धन के भाव, पेट्रोल के दाम १२५ रोपेया

काठमाण्डु २२ जेठ
नेपाल आयल निगम पेट्रोलियम पदार्थ के दाम फेनु बढवले बा । डिजल, पेट्रोल, मट्टीतेल आ आन्तरिक हवाई इन्धन के दाम प्रतिलिटर दु रोपेया से वृद्धि कईल नेपाल आयल निगम जनवले बा ।
मूल्य वृद्धि के बाद काठमाण्डु उपत्यका मे पेट्रोल के दाम प्रतिलिटर १२५, डिजल तथा मट्टीतेल के १०८ आ हवाई इन्धन आन्तरिक ओरी के मूल्य प्रतिलिटर ८० रोपेया पुगल निगम जनवले बा । निषेधाज्ञा के बीच मे बितल जेठ दु गते भी निगम इन्धन के दाम बढवले रहे ।
भारतीय आयल कर्पोरेसन से बढ के प्राप्त भईल नयाँ मूल्य के चलते निगम के घाटा बढल आ मूल्य समायोजन के विकल्प ना भईल दाबी निगम के बा । स्वचालित मूल्य प्रणाली कार्यान्वयन कार्यविधि मुताविक शनिचर के रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से बढल भाव कायम होखेके आ उ मूल्य समायोजन के बाद भी निगम के घाटा रहल निगम के प्रवक्ता विनितमणि उपध्याय बतवनी ।
मूल्य समायोजन के बाद भी निगम के पेट्रोल मे ५ रोपेया ३२ पैसा, डिजल तथा मट्टीतेल मे ३ रोपेया १७ पईसा आ खाना पकावेवाला ग्याँस मे २५८ रोपेया ४६ पईसा प्रतिसिलिण्डर घाटा रहल उनकर कहनाम बा । निषेधाज्ञा मे सवारी साधन कम चलल समय भी अब के १५ दिन मे निगम के कम्ती मे ५९ करोड २८ लाख घाटा के प्रक्षेपण कईल उपाध्याय बतवनी ।






