चार बरीस से डोरी मे बान्ह के राखल ठाकुर के उद्धार भईल

वीरगंज २२ जेठ
मानसिक सन्तुलन ठिक ना भईला के बाद बितल चार बरीस से डोरी मे बान्ह के राखल जगेश्वर ठाकुर के उद्धार कईल बा । बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–१८ मोतिसर के ठाकुर के शनिचर के दिने उद्धार कईल बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के सहजोग मे मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा के टोली ठाकुर के उद्धार करके वीरगंज लियाईल बा । उद्धार करे से पहिले उनका के बान्हल डोरी काट के उनकर देह के सरसफाइ कईल रहे । ठाकुर के मानव सेवा शाखा वीरगंज मे राख के दवाबिरो करेके सामाजिक अभियन्ता एवं आश्रम के संरक्षक प्रकाश थारु जानकारी देहनी ।
‘चार बरी से बेसी समय से डोरी मे बान्हके राखल गईल रहे, कपडा फारके बिगेवाला भईला से देह मे एकसरो कपडा भी ना रहे,’ कहत उ, ‘सरसफाइ के बाद नयाँ कपडा पहिना के उद्धार करके वीरगंज आश्रम मे लियावल गईल बा । दवाई करके ठिक ना होखे तक इहे राखल जाई ।’
वीरगंज के मानसिक रोग विशेषज्ञ डा. भरत गोइत ठाकुर के ईलाज मे सहजोग करेके आश्वासन देहले बानी । स्थानीय गणेश साह के मुताविक बारा के पिपरा मे बडका महायज्ञ लागल समय उ एने आईल बतवनी ।
ठाकुर बेमार भईला के बाद परिवार बहुते दुःख सहल साह के कहनाम बा । सात कठ्ठा जमिन आ गरगहना बेंच के ईलाज करईला पर भी ठिक ना भईल परिवार के सदस्य बतावत आईल बाडन ।
सडक मे अलपत्र, बेसहारा आदमीसब के मानव सेवा आश्रम उद्धार करके खाए, रहे आ पहिनेके व्यवस्था मिलावत आईल बा । मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मे ४८ जने सेवा लेरहल आश्रम के सानु गुरुङ जानकारी देहनी ।






