पचरौता नगरपालिका के सात वाँ नगर सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा ९ असाढ
बारा के पचरौता नगरपालिका के आ.व. ०७८÷०७९ के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत सत वाँ नगर सभा पुरा भईल बा ।
आर्थिक वरीस २०७८÷७९ के खातिर ४५ करोड ८८ लाख २४ हजार रोपेयाँ के निति तथा कार्जक्रम विनियोजन कईले बा । बजेट संघ से सशस्त्र अनुदान १६ करोड ८२ लाख राजस्व बाडफाड ओरी ८४ लाख, विशेष अनुदान ओरी १ करोड २० लाख, सम्पुर्क अनुदान ४३ लाख, प्रदेश से सशस्त्र अनुदान ८० लाख, बितिय समानिकरण ओरी ८० लाख आ सम्पुर्णक अनुदान २० लाख, विशेष अनुदान ३० लाख आन्तरिक स्रोत ५ करोड ५० लाख के नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले बा ।
पचरौता नगरपालिका के सात वाँ नगर सभा मे नगर प्रमुख रमेशकुमार यादव नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत नगर स्तरिय बिपत ब्यावस्थापन के खातिर स्थापना कईल गईल बिपत ब्यावस्थापन कोष के अउरी मजबुत करे के जनकारी करावले रहनी । पशुपालन तथा कृषि के खातिर बढका दु गो कृषि केन्द्र के स्थापना करेला सम्भावयता अध्यण करे के मेयर यादव जनकारी करावले बानी । पचरौता नगरपालिकाभर के किसान लोग के खेती कर के अन्न फलावेला मे सिचाई करे खातिर विद्युत मिटर जडान करे मे लागेवाला खर्चा नगरपालिका देवेके मेयर यादव घोषणा कईले बानी । रोजगारिक के खातिर उद्पाद्न कार्जक्रम मार्फत हरेक बरीस रोजगारी बढावे के कार्यक्रम कईल जाएके जनकारी करावले बानी । नगरपालिका के हराभरा करेला बृक्षारोपण कर के स्व्च्छ बताबरण निर्माण करावे खातिर कार्जक्रम कईल जाए के मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
पचरौता नगरपालिका के लईकी सब बैचलर करी त पालिका ५१ हजार जनही सहजोग करे के मेयर यादव जनकारी करावले बानी । माध्यमिक विद्यालय मे पढेवाला लईका लईकी सब एसईई मे ए प्लस आ ए वर्ग मे परीक्षा के परिणाम लिअईला पर उच्च शिक्षा पढेला जनही १५ हजार छात्रवृती देहल जाए के कार्जक्रम लियावल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
कार्यक्रम के सञ्चालन शिक्षा संयोजक प्रमोद प्रसाद यादव कईले रहनी आ स्वागत मन्वय प्रशासकिय अधिकृत श्याम प्रसाद यादव कईले रहनी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि पुर्ब गाबिस अध्यक्ष जय मङल प्रसाद यादव, पालिका के वार्ड अध्यक्ष लोग कार्यपालिका सदस्य लोग कर्मचारी सब आ पत्रकार लोग के सहभागिता मे सात वाँ नगर सभा पुरा भईल बा ।






