भारी वर्षात से पर्सा के अनेकन गाँव डुबान मे, नदी से कटान सुरु

मेघराज राय

जिराभवानी १६ असाढ

बितल कुछ दिन से भारी वर्षात से पर्सा के अनेकन जगहा गाँव डुबान मे पडल बा । वर्षात के पानी के निकास ना भईला से जिल्ला के अनेकन जगहा मे घरखेत डुबान मे पडला के साथे नदी जमिन कटान भी कईले बा ।

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका–१ पिपरा मे स्थानीयवासी के दर्जनो घर डुबान मे पडल बा । वर्षात के चलते लाटेगाँडा खोला मे आईल बाढ गाँव मे घुसला पर स्थानीय राजकुमार दास, किसुन महतो, खिचडी महतो, ब्रहमदेव, दास, सनोज दास, शिव शंकर दास, जंगली राय आ महेन्द्र शर्मा लगायत १६ जने के फुस के घर भसकल पुलीस जनवले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा आ सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट महादेवट्टी के टोली स्थानीय के मालसामान ट्याक्टर मे लोड करके सुरक्षित जगहा मे लेगईल बाडन । उलोग के खातिर राहत सहजोग जरुरी देखल गईल सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु बतवनी ।

एहितरे वीरगंज महानगरपालिका–३० के कठाहा नदी मे आईल बाढ से धानखेती मे नोक्सानी पुगवले बा । पाकल सुरु भईल चईती धान मे बाढ के पानी घुसके नोक्सानी पुगल स्थानीय बतवले बाडन । कठाहा नदी मे बनावल माटी के बान्ह नदी मे आईल बाढ से दहवईला के बाद पानी खेत मे घुसल बा ।

बाढ से डुबान आ कटान कईला पर जिल्ला मे सबसे बेसी ठोरी गाँवपालिका प्रभावित भईल बा । ठोरी–३ के ब्रम्हानगर आ नयाँ बस्ती मे हुलाकी सडक से उत्तर ओरी रहल अधिकांश घर डुबान मे पडल वार्ड अध्यक्ष सूर्यबहादुर लामा जानकारी देहनी ।

हुलाकी सडक आ सडक के किनार के नाला उँच भईला के चलते सहजे पानी के निकास ना भईला से बहुते घर मे पानी घुसल लामा बतवनी । ठोरी के वार्ड नम्बर ४ के निर्मलबस्ती, आठघरे, मिलचोक, शान्तिटोल, सुन्दरटोल, विजयबस्ती, विशालचोक, ट्यांग्रेलाइन लगायत के जगहा मे अधिकांश घर डुबान मे पडल बा । लगातार के वर्षात के बाद ओरिया खोला मे आईल बाढ से ठोरी के गोपीबस्ती मे हुलाकी सडक मे नोक्सानी पुगवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।