बारा मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु
बारा १७ असाढ
बारा मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका –१४ रहेवाला ४५ बरीस के मदनलाल जैसवाल के मृत्यु भईल बा ।
आपन घरके कल मे जडान कईल मोटर के तार जोडेके समय मे उनका के बियफे के सबेरे ८ः२० बजे करेन्ट लागल रहे ।
करेन्ट लाग के घायल भईल उनकर ईलाज के खातिर कलैया अस्पताल लिया रहल समय रास्ता मे हि मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
लास पोष्टमार्टम के खातिर कलैया अस्पताल मे राखल गईल पुलीस जनवले बा ।






