जंगली हाथी बस्ती घुसला के बाद रौतहट मे आतंक

रौतहट १९ असाढ

जंगली हाथी रौतहट के बस्ती मे घुसला के बाद स्थानीयवासी आतंकित बनल बाडन ।

बितल रात देवाही गोनाही नगरपालिका के उत्तरी क्षेत्र होत बस्ती मे घुसल एगो जंगली हाथी शिवनगर होत रौतहट के माधवनारायण नगरपालिका के वार्ड नं. ५ मिठुअवा मे आईल बा ।

उ हाथी शिवनगर के एक घर मे नोक्सानी पुगवले बा आ मिठुअवा मे किसान के बेरही फोरके धान खईले बा । समाचार तइयार करे तक अभी उ हाथी मिठुअवा के झाँझ पुल लगेके आम के बगैंचा मे रहल बा ।

गाँवबस्ती मे जंगली हाथी चलल देखला के बाद स्थानीय पुलीस के खबर कईले रहलन ।

हाथी नियन्त्रण मे लेवे खातिर वन कार्यालय, नेपाली सेना आ चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के टोली के कहल गईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्र देव यादव बतवनी । वन कार्यालय आ निकुञ्ज के टोली रौतहट आवेके क्रम मे रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।