संयुक्त विद्यार्थी संगठन वीरगंज मे सिटी जुलुश प्रदर्शन कईलख

वीरगंज २४ असाढ
संयुक्त विद्यार्थी संगठन पर्सा आजु वीरगंज मे सिठी जुलुश प्रदर्शन कईले बा ।
प्रतिगमन, पेट्रोलियम पदार्थ के दाम बढावल, भष्टाचार आ कुशासन विरुद्ध ५ बिधार्थी संगठन के आयोजना मे सिठी जुलूस प्रदर्शन कईल बा ।
सिटी जुलुश के बाद वीरगंज के घण्टाघर मे भईल कोण सभा के सम्बोधन करत अखिल (क्रान्तिकारी) के केन्द्रिय सदस्य एवम् प्रदेश नं. २ के सह संयोजक प्रभाकर गुप्ता प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओलीद्वारा दुसरका बेर कईल संसद बिगठन असंबैधानिक रहल बतवनी ।
उ प्रधानमन्त्रीद्वारा दुसरका बेर कईल संसद विगठन असंवैधानिक, आलोकतंत्रिक, स्वेकछाचारी कदम रहल बतवनी । प्रधानमन्त्रि के जनता से माफÞी मागेके पडि कहके बतवनी ।
विरोध प्रदर्शन कार्जक्रम मे अखिल (क्रान्तिकारी)के केन्द्रीय सदस्य जुबेर आलम, नेवि संघ के कार्यबाहकÞ अध्यक्ष बिकेश पटेल, अखिल (क्रान्तिकारी)के एहसान अंसारी, मिरोज अहमद, सोयाब आलम लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के समापन अखिल (क्रान्तिकारी)के जÞिल्ला अध्यक्ष कबीर पटेल कईले रहनी ।






