आउर २,२३९ जने मे कोरोना संक्रमण, २० जने के मृत्यु

काठमाण्डु २५ असाढ

पिछिलका २४ घण्टा मे २,२३९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । ६ हजार ६५७ पीसीआर परीक्षण कइला पर १ हजार ४७९ जने आ ४ हजार ६५६ एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ७६० करके २ हजार २३९ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण से २० जने के मृत्यु भईल बा आ १ हजार ३१६ जने ठिक भईल बाडन ।

शुक के दिने थपईला सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के कुल संख्या ६ लाख ५२ हजार ८५९ पुगल बा । उलोग मेसे ९ हजार ३४० जने के मृत्यु भईल बा आ ६ लाख १६ हजार ९२९ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।

मन्त्रालय के मुताविक अभी देशभर सक्रिय संक्रमित के संख्या २६ हजार ५९० जने रहल बाडन । जउना मेसे २३ हजार ९२० जने होम आइसोलेसन मे रहल बाडन आ २ हजार ६७० जने संस्थागत आइसोलेसन मे रहल बाडन । कोरोना के मरेजी मेसे ५३९ जने आईसीयू आ १६६ जने भेन्टिलेटर मे ईलाज करा रहल बाडन ।

कउन जिल्ला मे केतना संक्रमित थपईलें ?

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी काठमाण्डु मे २६१, झापा मे १६२, मोरङ मे १२९, कास्की मे १०८ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे सुनसरी मे ८९, मकवानपुर मे ८०, ललितपुर मे ७४, चितवन मे ६५ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । नुवाकोट मे ४६, भक्तपुर मे ४५, धादिङ्ग मे ४०, काभ्रेपलाञ्चोक मे ३७, सुर्खेत मे ३६, पाल्पा मे ३० जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे रुपन्देही मे २१, रामेछाप मे २०, नवलपरासी पुर्व मे १८, दोलखा मे १६, धनुषा, गोरखा आ जुल्मा मे १२÷१२ जने, म्याग्दी मे ११ आ दाङ मे १० जने कोरोना संक्रमित थपाईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

१० बरीस निचेके ३९ दईकालइकी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा आ ११ से २० बरीस उमिर समूह के १२० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।