बारा मे किर्ते सवारी पास बनावेवाला दु जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २८ असाढ

बारा पुलीस किर्ते सवारी पास बनावेवाला उपकरणसहित दु जने पकडाईल बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका– १७ रहेवाला २१ बरीस के जय नारायणप्रसाद जयसवाल आ कलैया–३ रहेवाला ३० बरीस के गोपालप्रसाद साह पकडाईल बाडन ।

पकडाईल जयनारायण ना१ज ७२८८ न. के सुमो के धनी उमेशप्रसाद जैसवाल के बोटा हउवन आ गोपाल दाइभाइ फोटो स्टुडियो एण्ड जनरल स्टोर के सञ्चालक हउवन् । शनिचर के दिने दुपहरिया १२ बजे पुलीस जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका– १ पथलैया चोकस्थित सडक मे सवारी साधनसब चेकजाँच करत रहे ।

कलैया से काठमाण्डु जाए लागल ना१ज ७२८८ न. के सुमो चेकजाँच के समय मे जयनारायण से जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के छाप आ अधिकृत के दस्तखत भी किर्ते करके बनावल नक्कली सवारी पास फेला परल रहे ।

उनका के पकड के पुछपाछ कईला पर उ कलैया–४ स्थित मालपोत कार्यालय अगाडि के दाइभाइ फोटो स्टुडियो एण्ड जनरल स्टोरबाट बनावल बतवले रहलन ।

दोकान खानतलासी करेके समय मे आउर तीन थान नक्कली सवारी पास तथा पास बनावे मे प्रयोग कईल अनेकन उपकरण मिलला के बाद गोपाल के भी पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

दोकान से पुलीस २ थान प्रिन्टर, एक थान कम्युटर आ तीन गो नक्कली सवारी पास मिलल पुलीस जनवले बा । पकडाईल दुनु जने के इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा बारा मे राख के लिखत सम्बन्धी कसुर (किर्ते मुद्दा) मे आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।