देश के कुछ जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना

काठमाण्डु, २ सावन

मनसुनी वायु के प्रभाव से शनिचर के दिने देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके बहुते जईसन जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात होखेवाला भईल बा ।

मनसुनी न्यून चापीय रेखा नेपाल के तराई भूभाग लगे रहला से सुदूरपश्चिम, कर्णाली तथा लुम्बिनी प्रदेश के कुछ जगहा मे बाँकी प्रदेश के कम जगहा मे भारी वर्षात के सम्भावना रहल बा ।

मौसमविद् गङ्गा नगरकोटी आवेवाला सोमार तक देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके बहुते जईसन जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना रहल जानकारी देहनी । देश के पहाडी भूभाग मे पहिरो तथा गेग्रान बहाव के जोखिम रहला के साथे बडका तथा साना नदी नाला आ खोला मे पानी के सतह बढे सकेके तथा यातायात क्षेत्र प्रभावित होखे सकेके भईला से जल तथा मौसम विज्ञान विभाग जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा ।

अभी देशभर सामान्य बदली होके प्रदेश नं १, २, बागमती, गण्डकी आ लुम्बिनी प्रदेश के कुछ जगहा मे आ बाँकी प्रदेश के एक÷दु जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात हो रहल बा । अभी देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके गण्डकी प्रदेश के बहुते जगहा के साथे प्रदेश नं १, २, बागमती प्रदेश तथा लुम्बिनी प्रदेश के कम जगहा मे हल्का से मध्यम वर्षात हो रहल बा ।

एतवार के दिने देशभर सामान्य से पूर्ण बदली होके बहुते जगहा मे हल्का से मध्यम तथा सुदूरपश्चिम, लुम्बिनी आ गण्डकी प्रदेश के कुछ जगहा मे मेघगर्जनसहित भारी वर्षात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।